[the_ad_group id="30365"]

Hajj Yatra: सऊदी हजयात्रियन के संख्या पर लागल रोक हटवलस, आयु सीमा भी खतम कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सऊदी अरब सोमार के घोषणा कइलस कि एह साल के हज खातिर तीर्थयात्रियन के संख्या के कौनो सीमा नाइ होई, अरब न्यूज देश के हज मंत्री अउर उमराह तौफीक अल-रबिया के हवाला देत बतवलस। हज एक्सपो 2023 में बोलत, तौफीक अल-रबियाह कहलस कि एह बरिस हज में भाग लेवे वाले लोग के संख्या पूर्व-महामारी के स्तर पs वापस आ जाई अउर एह साल हज तीर्थयात्रियन के कौनो आयु सीमा भी नाइ होई।

उमराह वीजा के अवधि 30 दिन से बढ़ा के 90 दिन कs दीहल गइल

हज अउर उमरा मंत्री तौकीफ अल-रबियाह कहनें कि उमराह वीजा के अवधि 30 दिन से बढ़ा के 90 दिन कs दीहल गइल बा। हज/उमरा वीजा पर आवे वाले लोग देश के कौनहूँ शहर के सफर कs सकतनें। हज मंत्री कहनें कि 2023 से दुनिया भर के हज एजेंसियन के अइसन कौनहूँ कंपनी से अनुबंध करे इजाजत होई जौन अपने देश के हज यात्रियन के जरूरी सुविधा मुहैया करावे वाली परमिटधारक
होखे।

स्थानीय निवासियन खातिर हज पैकेज के चार श्रेणी उपलब्ध: सऊदी

अरब न्यूज के कहनाम बा कि 2019 में तीर्थयात्रा में लगभग 2.5 करोड़ लोग हिस्सा लिहलस। हालांकि, कोरोना महामारी के प्रसार के कारण तीर्थयात्रियन के संख्या अगिले दू बरिष खातिर कम हो गइल रहे। अरब न्यूज के रिपोर्ट के अनुसार, एह साल हज करे के इच्छुक देश में रहे वाले लोग तीर्थ यात्रा खातिर आवेदन कs सकतनें।

मंत्रालय कहनें कि स्थानीय निवासियन खातिर हज पैकेज के चार श्रेणी उपलब्ध होई। अरब न्यूज के रिपोर्ट के अनुसार, तीर्थयात्रा खातिर आवेदन करे वाले लोग के लग्गे जुलाई के बीच ले वैध राष्ट्रीय चाहे निवासी पहचान होखे के चाहीं। तीर्थयात्रियन के लग्गे COVID-19 अउर मौसमी इन्फ्लुएंजा टीकाकरण के प्रमाण होखे के चाहीं।

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]