[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: मोबाइल एप पर जीडीए करी समस्या के समाधान, निर्माण खातिर एमओयू पर भइल हस्ताक्षर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) में अब मोबाइल एप पर ही आपन समस्या साझा करे के सथही उनकर निराकरण करावल जा सकी।

मोबाइल एप के माध्यम से सेवा देवे वाला प्रदेश में पहिला प्राधिकरण बनी। प्राधिकरण के अलग-अलग पटल से संबंधित काम के एप के मदद से एक स्थान पs उपलब्ध करावल जाई। एकरे खातिर एप अउर साफ्टवेयर, जीडीए अउर एचडीएफसी बैंक मिल के तैयार करिहें। एकरे खातिर सोमार के प्राधिकरण के उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर अउर एचडीएफसी के ब्रांच हेड प्रतीक राय के बीच एमओयू पs हस्ताक्षर भइल।

एमओयू के माध्यम से एचडीएफसी बैंक एह बात पर सहमत भइल कि प्राधिकरण के दिन रोज के सब कार्य से संबंधित सॉफ्टवेयर विकसित करी ताकि आम जनमानस के घर बइठले आपन प्रत्यावेदन प्राधिकरण के भेज सकेने। प्रत्यावेदन वेबसाइट पs लोड करतही संबंधित पटल पs प्रदर्शित होखे लागी।

एही प्रकार प्राधिकरण के अधिकारी काम अउर योजना के मॉनिटरिंग भी साफ्टवेयर के माध्यम से कs सकेने। आम जनमानस घर बइठल एप के माध्यम से संपत्ति के नामांतरण, प्राधिकरण से संबंधित सूचना के जानकारी, अवैध निर्माण के फोटो अपलोड कs शिकायतो कs सकिहें।

बैंक प्राधिकरण के पेमेंट गेटवे भी उपलब्ध कराई, जेसे सामान्य बैंकिंग सुविधा, प्राधिकरण से संबंधित देयता के भुगतान के आनलाइन सुविधा मिली। अगर केहू दूसरा के शिकायत के समय आपन नाम गोपनीय रखल चाहे त एकरो सुविधा प्रहरी एप में उपलब्ध रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]