[the_ad_group id="30365"]

डोनाल्ड ट्रंप के रैली में चलल गोली, बाल-बाल बचले अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अमेरिका में राष्ट्रपति चुनाव से पहिले हिंसा के एगो बड़हन घटना घटल बा. पेंसिल्वेनिया के बटलर में डोनाल्ड ट्रंप के रैली में गोलीबारी भइल बा. एs घटना के बाद अमेरिकी सीक्रेट सर्विस के एजेंट अमेरिकी राष्ट्रपति रहल ट्रंप के तुरंत मंच से बाहर निकाल देले। गोली चलला के बाद डोनाल्ड ट्रंप मंच पs झुकत बाड़न. एकरा बाद सीक्रेट सर्विस (उनकर सुरक्षा गार्ड) ओह लोग के घेर लेता।

जांच शुरू हो गईल

सोशल मीडिया पs वायरल भईल एs वीडियो में ट्रंप के कान से खून बहत देखल जा सकता। हालांकि एs मामला में अबे ले कवनो आधिकारिक पुष्टि नईखे भईल। एगो शीर्ष सरकारी अधिकारी कहले कि पूर्व राष्ट्रपति सुरक्षित बाड़े। अधिकारी कहले कि हमनी के सुरक्षा के उपाय लागू कईले बानी, जांच चलता।

उपराष्ट्रपति कमला हैरिस का कहली

अमेरिकी उपराष्ट्रपति कमला हैरिस ट्वीट कs कहली कि, “पेंसिल्वेनिया में पूर्व राष्ट्रपति ट्रंप के आयोजन में भईल गोलीबारी के बारे में हमरा के बतावल गईल बा। डग अवुरी हमरा राहत मिलल बा कि उs गंभीर रूप से घायल नईखन। हमनी के उनुका संगे बानी, उनुकर हमनी के परिवार अवुरी ओ सभ खातीर प्रार्थना करतानी।” एह बेमतलब के गोलीबारी से घायल आ प्रभावित भइल बानी जा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]