[the_ad_group id="30365"]

Delhi : एचआईवी संक्रमित चीनी नागरिक पूर्वी दिल्ली में मिलल, पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कs जेल भेज दिहलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वी दिल्ली के शकरपुर थाना इलाका में अवैध तरीका से रहे वाला एगो चीनी नागरिक के गिरफ्तार कs लेले बा। आरोपी के पहचान 40 साल के यू जिया के रूप में भइल बा। पुलिस के मुताबिक ऊ एचआईवी संक्रमित बा। दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में ओकर इलाज चलता। एकरा चलते ऊ इहाँ गैरकानूनी तरीका से रहत रहे। आरोपी के बुधवार के अदालत में पेश कs के जेल भेज दिहल गइल।

दिल्ली पुलिस के एगो अधिकारी बतवले कि शकरपुर थाना के इलाका के सुंदर प्रखंड के गली नंबर एक में कुकुर के लेके शुरू भइल झगड़ा के जानकारी मिलल। मामला के जांच करत घरी पुलिस के पता चलल कि इहाँ एगो चीनी नागरिक गैरकानूनी तरीका से रहत बा। एकरा चलते पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कs लेलस।

पूछताछ के दौरान आरोपी खुलासा कइलख कि ऊ साल 2020 में इलाज खातीर भारत आइल रहे, काहेंकी ऊ एचआईवी संक्रमित बा। दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में ओकर इलाज चलता, बाकी वीजा खतम होखला के बाद भी ऊ इहाँ रह के इलाज करावत रहले। पुलिस आरोपी के लगे से चीनी पासपोर्ट भी बरामद कs लेले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]