[the_ad_group id="30365"]

नाइजीरिया में बड़ हादसा, क्लास के दौरान स्कूल के बिल्डिंग गिरले से 22 छात्रन के मउत; 100 से अधिका घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर मध्य नाइजीरिया में बियफे के सबेरे एगो बड़हन दुर्घटना भइल. इहाँ एगो दु मंजिला स्कूल गिर गईल। ई हादसा तब भइल जब कक्षा चलावल जात रहे. एs दुर्घटना में 22 छात्र के मउत हो गईल, जबकि 100 से जादे छात्र मलबा के नीचे फंसले के आशंका बा। मलबा के नीचे फंसल विद्यार्थियन के तलाश जारी बा. मौका पs राहत अवुरी बचाव दल के तैनात कs दिहल गईल बा।

क्लास चलत घरी बिल्डिंग गिर गइल

असल में छात्र पठारी राज्य के बुसा बुजी समुदाय के सेंट एकेडमी कॉलेज में पढ़ाई खातिर पहुंचले। कक्षा शुरू भईला के कुछ देर बाद स्कूल के भवन गिर गईल। बतावल जाता कि एs दुर्घटना में घाही भईल बहुत लोग 15 साल चाहे ओकरा से कम उमर के बच्चा रहले। पुलिस प्रवक्ता अल्फ्रेड अलाबो बतवले कि कुल 154 छात्र फंसल बाड़े, बाकिर ओमे से 132 छात्र के बचा लिहल गईल बा। विद्यार्थियन के विभिन्न अस्पतालन में इलाज करावल जा रहल बा.एs दुर्घटना में 22 छात्र के मउत हो गईल बा।

मौका पs बचाव कार्यकर्ता तैनात

नाइजीरिया के राष्ट्रीय आपातकालीन प्रबंधन एजेंसी के कहल बा कि दुर्घटना के तुरते बाद बचाव आ स्वास्थ्यकर्मी के साथे सुरक्षा बलन के मौका पs तैनात कs दिहल गइल बा. पठार राज्य के सूचना आयुक्त मूसा अशोम्स एगो बयान जारी कs कहली कि, सरकार अस्पताल के निर्देश देले बिया कि उs लोग के इलाज के प्राथमिकता दिहल जाए, जवना के बिना दस्तावेज़ भा भुगतान ना होखे। राज्य सरकार एs त्रासदी खातीर स्कूल के कमजोर संरचना अवुरी नदी के किनारे एकर स्थान के जिम्मेदार ठहरवलस।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]