[the_ad_group id="30365"]

गुजरात: ऊ हमनी के ऊपर चिल्लालें सब, का हम भ्रष्टाचारियन के खिलाफ कार्रवाई न करीं? पीएम के विपक्ष पर हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपने गुजरात दौरा के तीसरे दिन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राजकोट के जमकंदोरना पहुंचलें। इहां उ एगो जनसभा के संबोधित कइलें। अपने संबोधन के दौरान पीएम मोदी कई अहम मुद्दा पर चर्चा के संगही विपक्षी पार्टी कांग्रेस पर जमकर हमला बोललें। पीएम मोदी कहलें कि अगर सरकार भ्रष्टाचारियन के खिलाफ कार्रवाई करतनी जा, त एक समूह हमरे खिलाफ चिल्लाला। का हमके लोग के लूटे वालन के खिलाफ कार्रवाई नाइ करे के चाहीं? पीएम मोदी कांग्रेस पर निशाना साधत कहलें कि कांग्रेस नेता से पूछलें कि का उ कब्बो स्टैच्यू ऑफ यूनिटी के दौरा कइलें? जौन लोग धरती पुत्र सरदार पटेल के इज्जत नाइ करेने, उनके खातिर गुजरात में कौनो जगह नाइ होखे के चाहीं।

गुजरात में इंजीनियरिंग अउर एमबीए कॉलेज बढ़लें: पीएम मोदी

पीएम मोदी कहलें कि इहां आजु 130 इंजीनियरिंग कॉलेज बा जौन भाजपा के गुजरात में अइले से पहिले 26 रहल। आजु इहां 100 से ज्यादा एमबीए कॉलेज हो चुकल बा। अंग्रेजी अब डॉक्टर बने के राह में बाधा नाइ डाल सकेनी। मातृभाषा में भी हमनी के लइका अउर लइकी पढ़ाई करे में अब सक्षम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]