[the_ad_group id="30365"]

राजद के बिहार प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह कइले इस्तीफा के पेशकश, के बनी नया प्रदेश अध्यक्ष?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सियासी गलियारन से बड़ खबर आइल बा। राजद में चल रहल अंदरूनी कलह चरम प आ गइल बा। पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह इस्तीफा के पेशकश क देले बाड़े। समाचार चैनल न्यूज़ 18 के मोताबिक लालू प्रसाद यादव के जगदानंद सिंह आपन इस्तीफा वाला पत्र सउप देले बाड़े। अब चरचा चल रहल बा कि बिहार में राजद के अगिला अध्यक्ष के होई। एह श्रृंखला में कइयन नेता लो के नाम बा जेमे उदय नारायण चौधरी आ श्याम रजक के नाम सामने आइल बा। बाकिर, अब्दुल बारी सिद्दीकी के नाम सबसे ऊपर बा।

दिल्ली में आरजेडी के दु दिवसीय सम्मेलन चल रहल बा। आज राष्ट्रीय परिषद के बैठक में लालू प्रसाद यादव के राष्ट्रीय अध्यक्ष घोषित कइल गइल।ओकरा  बाद लालू यादव बिहार प्रदेश अध्यक्ष के लेके नया फसीला क सकत बानी।

बेटा सुधाकर सिंह के मंत्री पद से त्यागपत्र देला के बाद से जगदानंद सिंह पार्टी आ सरकार दुनो से नाराज चल रहल बाड़े। उनका इस्तीफा के खबर पहिलही सामने आ चुकल रहे। बेटा सुधाकर सिंह के इस्तीफा के बाद जगदानंद सिंह एकर इशारा देले रहस। अपना बयान में ऊ कहले रहस कि लमहर लड़ाई लड़े खातिर त्याग करे के पड़त बा।

पिछला दिनन लालू यादव से मिले जगदानंद सिंह दिल्ली निकल गइले। बाकिर, ऊ कइयन दिन के बाद तक उहां ना पहुंचले। अतवार के पार्टी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक में जब ऊ शामिल ना भइले त तय मानल जा रहल बा कि जगदानंद पार्टी छोड़ दिहें।

सूत्रन के हवाले से खबर मिल रहल बा कि ऊ लालू यादव के लगे आपन इस्तीफा भेज देले बाड़े। आज सोमार के लालू यादव जगदानंद सिंह के राजनीतिक भविष्य प फसीला करिहें।

एने बिहार राज्य के नया  प्रदेश अध्यक्ष के चर्चा जोर शोर से उठे लागल बा। राजद में जवना तरीका से घमासान मचल बा, ओमे एगो मजबूत प्रदेश अध्यक्ष के आवश्यकता पार्टी के बा। अइसन में अनुभवी अब्दुल बारी सिद्दीकी के कमान थमावल जा सकत बा। मिलल जानकारी के मोताबिक तेजस्वी यादव अब्दुल बारी सिद्दीकी से एह संबंध में बात क लेले बाड़े।  हालांकि, ऊ अभी तक आपन सहमति नइखन देले। बाकिर पार्टी के फसीला उनका खातिर बाध्यकारी होई। एने लालू प्रसाद यादव आज विधिवत आरजेडी के राष्ट्रीय अध्यक्ष बन जइहें। ओकरा बाद लालू आपन फसीला सुनइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]