[the_ad_group id="30365"]

गुजरात: भाजपा पर आप उम्मीदवार के अगवा कइले के आरोप, सिसोदिया बोललें- नामांकन वापसी खातिर पकड़ के ले गइल भाजपा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात चुनाव के चुनाव नगदे रोचक होत जा रहल बा। अब आम आदमी पार्टी भाजपा पर बड़ आरोप लगवले बा। आप नेता मनीष सिसोदिया  आरोप लगवले बानें कि भाजपा सूरत(पूर्व) से हमनीके उम्मीदवार कंचल जरीवाला के अगवा कर लिहले बा। उनके आखिरी बेर काल्ह आरओ ऑफिर में देखल गइल रहे।
सिसोदिया मीडिया के सोझे कहलें कि भाजपा आप उम्मीदवार के नामांकन खारिज करवावे के कोशिश कर रहल बा। उनके अभीन-अभीन रिटर्निंग ऑफिसर के दफ्तर लावल गइल बा। सिसोदिया बतवलें 500 से ज्यादा पुलिस वाले कंचन जरीवाला के घेर रखले बानें, उनका पर नामांकन वापसी के दबाव बनावल जा रहल बा। एह दौरान सिसोदिया  चुनाव आयोग पर भी निशाना सधलें। सिसोदिया कहलें कि जो कुछ हो रहल बा ऊ चुनाव आयोग पर सवाल खड़ा करला।ऊ कहने, हम चुनाव आयुक्त से मिले समय मंगलें बानीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]