[the_ad_group id="30365"]

मैनपुरी उपचुनाव: बीजेपी प्रत्याशी रघुराज शाक्य कइलें नामांकन, पहिले पहुंचलें मुलायम के समाधि स्थल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैनपुरी लोकसभा सीट पर उपचुनाव ख़ातिर भाजपा प्रत्याशी रघुराज सिंह शाक्य आज नामांकन करिहें। ओसे पहिले रघुराज सिंह शाक्य मुलायम सिंह यादव के समाधि स्थल पहुंचलें अउर पुष्पांजलि अर्पित कइलें। एकरे बाद भाजपा प्रत्याशी रघुराज सिंह शाक्य निर्धारित समय से पहिलही कलक्ट्रेट पहुंचकर नामांकन दाखिल कइलें।
भाजपा प्रत्याशी दू सेट में नामांकन दाखिल कइले बानें। प्रस्तावकन में भाजपा जिला अध्यक्ष प्रदीप सिंह चौहान अउर भोगांव विधायक पंडित रामनरेश अग्निहोत्री उनके साथ रहनें। रघुराज सिंह शाक्य कहनें कि ‘हम जनता के सेवक, किसान के बेटा हईं, चुनाव जितले के बाद भी आप सब के बीच में ही रहब।
बता देईं पूर्व भाजपा प्रत्याशी रघुराज सिंह शाक्य एक बजे नामांकन करे वाला रहनें, लेकिन ओसे पहिले ही ऊ 11 बजे कलक्ट्रेट पहुंचकर नामांकन दाखिल कर दिहलें। मैनपुरी लोकसभा सीट पर उपचुनाव खातिर समाजवादी पार्टी से डिंपल यादव प्रत्याशी बाड़ी। एह सीट पर सपा अउर भाजपा में सीधा टक्कर मानल जा रहल बा। भाजपा शाक्य वोटरन के संख्या देखत दांव खेलले बा। जातीय समीकरण के देखल जाय त शाक्य एह सीट पर दूसरे नंबर पर बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]