[the_ad_group id="30365"]

कुढ़नी में रोचक होई चुनावी जंग, जेडीयू के मनोज कुशवाहा के पहिले हरा चुकल बाड़ें बीजेपी के केदार गुप्ता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के कुढ़नी विधानसभा सीट प अबकी बेर महागठबंधन आ बीजेपी के बीच रोचक मुकाबला होखे जा रहल बा। बीजेपी इहां से पूर्व विधायक केदार गुप्ता के टिकट देले बिया। ओहिजा, महागठबंधन से ई सीट जेडीयू के खाता में गइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पार्टी कुढ़नी से पूर्व मंत्री मनोज कुशवाहा के उम्मीदवार बनवले बिया।  दिलचस्प बात ई बा कि पहिले बीजेपी के केदार गुप्ता जेडीयू प्रत्याशी मनोज कुशवाहा के हरा चुकल बाड़ें।

जेडीयू प्रत्याशी मनोज कुशवाहा सोमार के नामांकन क देलें। ओहिजा, बीजेपी आधिकारिक तौर प केदार गुप्ता के नाम के मंगर के घोषणा कइलस। ऊ आजे नामांकन कइलन। एह सीट प मुकेश सहनी के वीआईपी आ असदुद्दीन ओवैसी के  एआईएमआईएमो ताल ठोकले बा। बाकिर मुख्य मुकाबला बीजेपी आ जेडीयू के बीचे होखला आसार बा।

2015 में केदार गुप्ता के सामने हारल रहस मनोज कुशवाहा

2015 के विधानसभा चुनाव के दौरान बीजेपी के केदार गुप्ता आ जेडीयू के मनोज कुशवाहा आमने-सामने रहे लो। ओहू बेरा कुशवाहा महागठबंधन के प्रत्याशी रहस, जिनका आरजेडी-कांग्रेस सहित आउर पार्टियन के समर्थन प्राप्त रहे। एकरा बादो मनोज कुशवाहा के करीब 11 हजार वोटन से केदार गुप्ता के हाथों हार झेले के पड़ल। अब एक बेर फेर दुनो लोग आमने-सामने बा।

पिछला बेर करीबी मुकाबला में केदार गुप्ता के मिलल रहे हार

2020 के विधानसभा चुनाव के दौरान बीजेपी आ जेडीयू फेर से साथ आ गइल रहे। एह कारण मनोज कुशवाहा के इहां से टिकट ना मिलल। बीजेपी के केदार गुप्ता एनडीए के प्रत्याशी बनावल गइले। बाकिर उनका आरजेडी के अनिल सहनी के हाथों करीबी मुकाबला में हार झेले के पड़ल। अनिल सहनी महज 712 वोटन के अंतर से जीतल रहस। पिछला दिनन अनिल सहनी के एलटीसी घोटाला में सजा होखला के बाद उनकर विधानसभा सदस्यता रद्द क दिहाल गइल। एह कारण इहां उपचुनाव के नौबत आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]