[the_ad_group id="30365"]

MMMUT दीक्षांत समारोह में राज्यपाल आनंदीबेन पटेल बोलली, छात्र नेता लोग के पीछे न घूमें छात्र, आपन कैरियर संवारें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के राज्यपाल अउरी मदन मोहन मालवीय यूनिवर्सिटी ऑफ टैक्नोलॉजी के कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल कहली कि विश्वविद्यालय के छात्र, छात्र नेता के पीछे घूम के समय बर्बाद न करें। छात्र नेता लोग के लक्ष्य पार्षद, विधायक अउरी सांसद बनल बा लेकिन छात्रन के लक्ष्य शिक्षा के क्षेत्र में करियर संवारल बा। अइसन में उनके एही दिशा में खुद के केंद्रित करे के चाहीं। राज्यपाल सोमार के मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय के सातवें दीक्षा समारोह में बतौर अध्यक्ष संबोधित करत रहली।

राज्यपाल बेहतर परिणाम खातिर सामूहिक प्रयास पर जोर दिहली। उ कहली कि हमनी के आनंद अउरी उत्साह के संगे सामूहिक प्रयास से ही उच्च कोटि के सफलता प्राप्त हो सकsता। उ लगातार काम करत रहले पर जोर देत कहली कि मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय  बीतल दिन नैक के ग्रेड हासिल कs बधाई के काम कइले बा लेकिन इहां के छात्रन अउर शिक्षकन के इहवें नाइ रुके के चाहीं बलुक अगिले लक्ष्य खातिर काम शुरू कर देवे के चाहीं।

उ कहली कि अगर वर्ल्ड रैंकिंग में आपन स्थान बनावे के बा त लगातार काम करत रहे के होई। एह अवसर पर उ विश्वविद्यालय के छात्रन के गांव के समस्या पर शोध कार्य कइले के सलाह दीहलें। कहलें कि छात्र केवल पाठ्यक्रम ले ही सीमित नाइ रहें बलुक अपने सामाजिक कर्तव्य अउरी दायित्व के भी समझें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]