Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: MMMUT में दीक्षांत समारोह आजु, 1290 विद्यार्थियन के मिली उपाधि

738

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय (एमएमएमयूटी) के सातवां दीक्षांत समारोह सोमार के बहुउद्देशीय हॉल में होई। प्रदेश के राज्यपाल अउरी कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल बीटेक सहित अन्य पाठ्यक्रम के 1290 विद्यार्थियन के उपाधि देई। 39 टॉपरन के स्वर्ण पदक भी देहल जाई। इलेक्ट्रानिक्स एंड कम्युनिकेशन इंजीनियरिंग के छात्र मोहम्मद असद ले कुलाधिपति कुल पांच स्वर्ण पदक दीहें।

दीक्षांत समारोह के तैयारी के रविवार के अंतिम रूप दिहल जाला, फेर कुलपति कुलपति प्रो. जेपी पांडेय पत्रकारन से बात कइलें अउरी जानकारी देहलें। कुलपति बतवलें कि समारोह बिहाने 11 बजे से शुरू होई। मुख्य अतिथि एमजी मोटर्स इंडिया के अध्यक्ष अउरी प्रबंध निदेशक राजीव चाबा बानें। विशिष्ट अतिथि के रूप में प्रदेश के प्राविधिक शिक्षा मंत्री आशीष पटेल होइहें। जौन 1290 विद्यार्थियन के उपाधि देहल जाए के बा, ओमें 941 छात्र अउरी 339 छात्रा बाड़ी। कार्यक्रम के लाइव टेलीकॉस्ट कइल जाई, उहवें, अलगे-अलगे विभाग में वर्चुअल रूप से भी दीक्षांत समारोह के देखे के व्यवस्था कइल गइल बा।

स्नातक में 28 फीसदी छात्रा लोग के मिली उपाधि

कुलपति बतवलें कि स्नातक पाठ्यक्रम बीटेक अउरी बीबीए में कुल 832 उपाधि देहल जाई, जेमें 653 छात्र अउरी 179 छात्रा लोग शामिल बा। छात्रा लोग के प्रतिशत 28 फीसदी बा। जबकि, प्रदेश सरकार 20 फीसदी छात्रा लोग के आरक्षण के मानक रखल बा।

पाठ्यक्रम में उपाधियन के संख्या

पाठ्यक्रम     कुल संख्या     छात्र      छात्रा

बीटेक             790        632      157
बीबीए             42            21        21
एमटेक            194         131      63
एमएससी          38           09        29
एमबीए             68           35        33
एमसीए तीन वर्ष  63           43        20
एमसीए दो वर्ष    68            47        21
पीएचडी             27           23        04

ई हवें टॉपर

बीटेक पाठ्यक्रम: सिविल इंजीनियरिंग में प्रदीप कुमार, कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग में निखिल शुक्ला, इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग में अमित कुमार, इलेक्ट्रानिक्स एंड कम्यूनिकेशन इंजीनियरिंग में मोहम्मद असद, मैकेनिकल इंजीनियरिंग में विजयपाल यादव और केमिकल इंजीनियरिंग में मयंक राज तिवारी।

एमटेक पाठ्यक्रम: सिविल इंजीनियरिंग में विशेष यादव, कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग में अर्चना सिंह, इंफार्मेशन टेक्नालॉजी में अंशिता मालवीय, इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग में देवेंद्र कुमार पांडेय, इलेक्ट्रानिंग एंड कम्यूनिकेशन में विकास विश्वकर्मा एवं मैकेनिक इंजीनियरिंग में उमा दत्त चौबे।

बीबीए : साक्षी पांडेय
एमसीए : ओमेंद्र सिंह गक्खरे अउरी विशाल गुप्ता
एमबीए : ज्योति जायसवाल
एमएससी भौतिकी : आकांक्षा त्रिपाठी
एमएससी मैथ : सदफ फातिमा
एमएससी केमेस्ट्री : सैफाली मिश्रा

1984 बैच के छात्र हवें मुख्य अतिथि राजीव चाबा

एमजी मोटर्स इंडिया के अध्यक्ष अउरी प्रबंध निदेशक राजीव चाबा दीक्षांत समारोह के मुख्य अतिथि होइहें। ऊ 1984 बैच के इहवें से पासआउट छात्र बानें, तब ई इंजीनियरिंग कॉलेज रहे। उ मैकेनिकल इंजीनियरिंग के पढ़ाई कइला के बाद देश के टॉप प्रोफेशनल्स में आपन जगह बनवले बानें।

342420cookie-checkगोरखपुर: MMMUT में दीक्षांत समारोह आजु, 1290 विद्यार्थियन के मिली उपाधि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.