Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राष्ट्रीय सेवा योजना द्वारा ‘क्विज आ निबन्ध प्रतियोगिता’ के आयोजन 

607

गोरखपुर: राष्ट्रीय सेवा योजना, सेंट एंड्रयूज कॉलेज, गोरखपुर द्वारा आज दिनांक 27 सितंबर 2022 के पंडित दीनदयाल उपाध्याय के जयंती के उपलक्ष में उनका जीवन दर्शन पs आधारित एगो ‘क्विज प्रतियोगिता’ के आयोजन कइल गइल। साथे साथ विविधता में एकता कार्यक्रम के अंतर्गत विविधता में एकता विषय पs निबंध प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जेमे कुल 80 प्रतिभागी लो प्रतिभाग कइल। पुरस्कार वितरण समारोह में मुख्य अतिथि के रुप में पधारल वनस्पति विज्ञान विभाग के अध्यक्ष डॉ नीरज श्रीवास्तव राष्ट्रीय सेवा योजना के द्वारा समाज सेवा हेतु कइल जा रहल कामन के सराहना कइले आ संगही लईकन से कहले कि औपचारिक शिक्षा के संगे-संगे राष्ट्रीय सेवा योजना से जुड़ला से व्यक्तित्व के विकास होला।  आप सभन में अपना समाज के जरुरतन के समझे के क्षमता आवे लागेला।

विशिष्ट अतिथि के रुप में पधारल वनस्पति विज्ञान विभाग के एसोसिएट प्रोफेसर डॉ0 एस0 डोमिनिक राजकुमार राष्ट्रीय सेवा योजना के विविधता में एकता के उत्कृष्ट उदाहरण बतवले आ कहले कि एमे अलग अलग वर्ग जाति धरम के लोग एक साथे मिलके सामाजिक कामन के करेला लो। कार्यक्रम के आयोजन कार्यक्रम अधिकारी डॉ0 जे0के0 पांडेय आ डॉ0 श्रीमती अर्चना श्रीवास्तव कइल लो।

एह अवसर पs क्विज प्रतियोगिता में प्रथम पुरस्कार पम्मी कुमारी, द्वितीय पुरस्कार, अंकुर कुमार मिश्रा आ तृतीय पुरस्कार सम्मिलित रूप से प्रिया सिंह, सत्यम गुप्ता आ साक्षी पांडेय के प्रदान कइल गइल। एह अवसर पs राष्ट्रीय सेवा योजना के कार्यक्रम अधिकारी डॉ0 जे0 पी0 यादव, डॉ0 तनवीर आलम सहित स्वयंसेवक निखिल दुबे, जितेंद्र सिंह, विशाल कुमार, कुशल त्रिपाठी, सनी शुक्ला, अमन उपाध्याय, अविनाश, अनन्या, रिया, अंशिता सहित ढेरे संख्या में स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोगन के उपस्थिति रहल।

343850cookie-checkराष्ट्रीय सेवा योजना द्वारा ‘क्विज आ निबन्ध प्रतियोगिता’ के आयोजन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.