[the_ad_group id="30365"]

Chief Justices: इलाहाबाद, छत्तीसगढ़ आ पटना हाईकोर्ट के मिलल नया मुख्य न्यायाधीश, कानून मंत्री देलें सुभकामना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार ने सुक के पटना हाईकोर्ट आ इलाहाबाद, छत्तीसगढ़ में नया मुख्य न्यायाधीशन के नियुक्ति के मंजूरी दे देलस। कानून मंत्री किरेन रिजिजू एगो ट्वीट में कहलें कि भारत के संविधान द्वारा प्रदत्त शक्ति के प्रयोग करत, भारत के राष्ट्रपति द्वारा निम्नलिखित न्यायाधीशन के उच्च न्यायालययन के मुख्य न्यायाधीशन के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। हम ओह सब केहू के सुभकामना देत बानी।

नया मुख्य न्यायाधीश इलाहाबाद उच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति प्रीतिंकर दिवाकर, छत्तीसगढ़ उच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति रमेश सिन्हा आ पटना उच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति के विनोद चंद्रन बा लो। पिछला महीना सुप्रीम कोर्ट कॉलेजियम उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के रूप में पदोन्नति खातिर कइयन गो न्यायाधीशन के नाम के सिफारिश कइले रहे।

कॉलेजियम इलाहाबाद उच्च न्यायालय खातिर न्यायमूर्ति प्रीतिंकर दिवाकर, कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति टीएस शिवगणनम, छत्तीसगढ़ उच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति रमेश सिन्हा, गुजरात उच्च न्यायालय खातिर न्यायमूर्ति सोनिया जी गोकानी आ मणिपुर उच्च न्यायालय खातिर न्यायमूर्ति धीरज सिंह ठाकुर के सिफारिश कइले रहे।

कोलेजियम इलाहाबाद उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के रूप में न्यायमूर्ति प्रीतिंकर दिवाकर के नियुक्ति के सिफारिश कइले रहे आ कहले रहे कि इलाहाबाद उच्च न्यायालय में मुख्य न्यायाधीश के पद खाली हो जाई, काहेकि कॉलेजियम मवजूदा मुख्य न्यायाधीश राजेश बिंदल के उच्चतम न्यायालय में पदोन्नत करे के सिफारिश कइले रहे। कोर्ट के केंद्र सरकार हरियर झंडी दे देले बिया।

कॉलेजियम इलाहाबाद उच्च न्यायालय के वरिष्ठतम उप न्यायाधीश न्यायमूर्ति रमेश सिन्हा के नाम के अनुशंसा छत्तीसगढ़ उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के रूप में करे के सिफारिश कइले बा। भारत के मुख्य न्यायाधीश डी वाई चंद्रचूड़ के अध्यक्षता वाला कॉलेजियम हाले में पटना उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के रूप में नियुक्ति खातिर केरल उच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति के विनोद चंद्रन के सिफारिश कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]