CBI लैंड फॉर जॉब स्कैम केस के मामला में लालू यादव, राबड़ी देवी, मीसा भारती के जमानत के विरोध नईखे करत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 15, 2023

CBI  लैंड फॉर जॉब स्कैम केस के मामला में लालू यादव, राबड़ी देवी, मीसा भारती के जमानत के विरोध नईखे करत मामला लालू प्रसाद के परिवार के उपहार के तौर पे, जमीन देके, जमीन बेचे

Share

CBI  लैंड फॉर जॉब स्कैम केस के मामला में लालू यादव, राबड़ी देवी, मीसा भारती के जमानत के विरोध नईखे करत

मामला लालू प्रसाद के परिवार के उपहार के तौर पे, जमीन देके, जमीन बेचे के बदले मे रेलवे में नौकरी मिलला से जुड़ल बा। इ मामला तब के ह जब 2004 से 2009 के बीच लालू प्रसाद रेल मंत्री रहले।

सीबीआई लालू प्रसाद यादव, राबड़ी देवी समेत 14 लोग के खिलाफ आपराधिक साजिश अउरी भ्रष्टाचार निवारण कानून के तहत “रोजगार खातीर जमीन” मामला में आरोप पत्र दायर कईले बिया। लालू प्रसाद के परिवार के आजु एह मामिला में दिल्ली के राउज एवेन्‍यू कोर्ट में पेशी खातिर कोर्ट में चहुँप गइल बाड़े। लालू व्हीलचेयर से सीबीआई कोर्ट में पहुंचल बाड़े। मामला लालू प्रसाद के परिवार के कथित तौर पे जमीन के उपहार मे चाहे जमीन बेचे के बदला मे रेलवे में नौकरी पावे से जुड़ल बा। इ मामला तब के ह जब 2004 से 2009 के बीच लालू प्रसाद रेल मंत्री रहले।

 

सीबीआई आरोप लगवले बिया कि भारतीय रेलवे के बहाली खातिर निर्धारित मानदंड आ प्रक्रिया के उल्लंघन करत रेलवे में अनियमित नियुक्ति कइल गइल| एहमें आरोप लगावल गइल बा कि बदला में उम्मीदवार सीधे आ अपना करीबी रिश्तेदार आ परिवार के सदस्यन के माध्यम से बाजार में मौजूदा दर के पांचवाँ हिस्सा तक के बेसी सब्सिडी वाला जमीन के तत्कालीन रेल मंत्री राजद प्रमुख प्रसाद के परिवार के सदस्यन के बेच दिहले|

तेजस्वी यादव तीसरी बेर सीबीआई के सोझा हाजिर ना भईले

बिहार के उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव मंगल के दिने तीसरी बेर केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के पूछताछ में जमीन-जॉब घोटाला के मामला में हाजिर ना भईले। अधिकारी इ जानकारी देले। उ बतवले कि 4 मार्च अउरी 11 मार्च के हाजिर ना भईला पे यादव के मंगलवार के पूछताछ खातीर हाजिर होखे के नोटिस दिहल गईल। अधिकारी बतवले कि मंगलवार के तीसरा नोटिस पे भी तेजस्वी पूछताछ खातीर हाजिर ना भईले। सीबीआई हाल ही में दिल्ली अउरी पटना में यादव के पिता अउरी राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के प्रमुख लालू प्रसाद अउरी उनुकर पत्नी राबड़ी देवी से पूछताछ कईले बिया। सीबीआई लालू प्रसाद यादव, राबड़ी देवी समेत 14 लोग के खिलाफ जमीन-नौकरी के मामला में आपराधिक साजिश अउरी भ्रष्टाचार निवारण कानून के आरोप लगवले बिया अउरी सभ आरोपी के 15 मार्च के विशेष अदालत में पेश होखे के कहल गईल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.