[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: 50 हजार के इनामी राजू अंसारी 13 साल बाद गिरफ्तार, कुख्यात रहल बृजेश यादव गैंग के रहे सदस्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर में 13 साल से फरार चल रहल 50 हजार के इनामी बदमाश राजू अंसारी उर्फ आफताब के वाराणसी एसटीएफ बड़हलगंज बस स्टैंड के लगे से गिरफ्तार कइले बिया। राजू गोरखपुर के कुख्यात अपराधी रहल बृजेश यादव गैंग के खास सदस्य रहल बा।

ई बदमाश अतीक अहमद गैंग के गुड्डू मुस्लिम के तरे शातिर बमबाजो बा। कवनो वारदात के अंजाम देत घरी गोलियन के संगे बम के इस्तेमाल करत रहे। राजू मूल रूप से बिहार के सीतामढ़ी जिला के बगहा, रसूलपुर के बाजूपट्टी के रहे वाला हs, बाकिर ऊ गोरखपुर सहित अगरी-कगरी के जिलन में कइयन आपराधिक घटनन के अंजाम देले बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]