[the_ad_group id="30365"]

एशिया डेफ बैडमिंटन चैंपियनशिप में चमकिहें गोरखपुर के आदित्या, डेफलंपिक्स में भी देश के दियवले रहली स्वर्ण पदक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

थाईलैंड के पटाया में 14-20 सितंबर ले आयोजित एशिया डेफ बैडमिंटन चैंपियनशिप में गोरखपुर के बैडमिंटन स्टार अउरी डेफ ओलंपिक के गोल्ड मेडलिस्ट आदित्या यादव हिस्सा लीहें। सोमार के आदित्या 14 सदस्यीय दल के साथ दिल्ली से थाइलैंड खातिर रवाना हो गइली।

आदित्य जूनियर अउरी सीनियर दूनों ही वर्ग में एकल, युगल अउरी मिश्रित युगल प्रतियोगिता में दमखम देखइहें। 12 वर्षीय आदित्या यादव ब्राजील डेफ ओलंपिक में बैडमिंटन के टीम स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीतकर इतिहास रच दिहले रहली। ओह जीत के साथ ही अगिला अंतरराष्ट्रीय प्रतियोगिता में भी उनकर चयन पक्का मानल जा रहे।

करीब एक महीना पहिलही एशिया चैंपियनशिप में उनके खेलले के बाबत संदेश मिल गइल रहे। एह प्रतियोगिता के ले के उत्साहित आदित्या तब्बे से लगातार प्रैक्टिस करत रहली। बैडमिंटन के लेके उनके समर्पण के अंदाजा एही बात से लगावल जा सकsता कि गोरखपुर में सामान्य खिलाड़ियन खातिर आयोजित पूर्वी जोन बैडमिंटन चैंपियनशिप में यूपी के टीम के रजत पदक जितवले में अहम भूमिका निभवली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]