BWF World Championships: ‘जाइंट किलर’ प्रणय से हरले लक्ष्य सेन, साइना नेहवाल बाहर, सात्विक-चिराग के जोड़ी जीतल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 25, 2022

विश्व बैडमिंटन चैंपियनशिप में भारत के एचएस प्रणय बियफे के बड़ उलटफेर कइलें। ऊ पुरुष एकल के प्री-क्वार्टरफाइनल में हमवतन लक्ष्य सेन के पराजित कइलें। दिग्गजन के हरावे के चलते जाइंट किलर के नाव से

Share

विश्व बैडमिंटन चैंपियनशिप में भारत के एचएस प्रणय बियफे के बड़ उलटफेर कइलें। ऊ पुरुष एकल के प्री-क्वार्टरफाइनल में हमवतन लक्ष्य सेन के पराजित कइलें। दिग्गजन के हरावे के चलते जाइंट किलर के नाव से मशहूर हो चुकल प्रणय राष्ट्रमंडल खेलन में स्वर्ण पदक जीते वाला लक्ष्य के हराके क्वार्टरफाइनल में आपन स्थान पक्का कs लेले। ओहिजा, महिला एकल में दिग्गज साइना नेहवाल के हार मिलल।

लक्ष्य आ प्रणय के बीच एक घंटा आ 15 मिनट तक जबरदस्त मुकाबला देखे के मिलल। लक्ष्य मैच के सुरुआत सानदार अंदाज में कइलें। ऊ पहिला गेम के 21-17 से अपना नामे कs लेले। अइसन लागल कि लक्ष्य एह मैच के आसानी से जीत लिहें, बाकिर प्रणय सानदार वापसी कइलें। ऊ दूसरा गेम के 21-16 आ तीसरा गेम के 21-17 से अपना नामे कs लेले। दुनु के बीचे एह साल ई चउथा मुकाबला रहे। दुनों दु-दु जीतले बा लो। क्वार्टरफाइनल में प्रणय के मुकाबला चीन के झाओ जून पेंग से होई।

साइना तीन गेम तक चलल मुकाबला में हरली

महिला एकल के बात करीं तs ओलंपिक कांस्य पदक विजेता साइना नेहवाल के प्री-क्वार्टरफाइनल में हार के सामना करे के पड़ल। उनका के थाईलैंड के बुसानन ओंगबामरुंगफान तीन गेम तक चलल मुकाबला में हरवली। 32 साल के साइना पहिला गेम 17-21 से हरला के बाद दूसरा गेम में वापसी कइली आ ओकरा के 21-16 से जीत लेली। बाकिर, अपना प्रदर्शन के ऊ तीसरा गेम में ना दोहरा सकली आ 13-21 से हार गइली। एह तरे साइना 17-21 21-16 13-21 से मैच हार गइली। दुनो के बीच ई आठवां मुकाबला रहे। बुसानन अब 5-3 से आगे हो गइल बाड़ी।

अर्जुन आ कपिला के जोड़ी जीतल

पुरुष युगल में एमआर अर्जुन आ ध्रुव कपिला के गैर वरीय भारतीय जोड़ी क्वार्टरफाइनल में आपन जगह पक्का कs लेलस। दुनो सिंगापुर के टेरी ही आ लोह कीन हेन के 18-21, 21-15, 21-16 से हरा देले। क्वार्टरफाइनल में अर्जुन आ कपिला के जोड़ी के मुकाबला इंडोनेशिया के मोहम्मद अहसान आ हेंद्रा सेतिवान के जोड़ी से होई।

सात्विक आ चिराग के सफर जारी

सात्विकसाईराज रंकीरेड्डी आ चिराग शेट्टी के जोड़ी के सफर जारी बा। दुनो डेनमार्क के जेप्पा बे आ लेस मोलहेदे के जोड़ी के 35 मिनट में 21-12 21-10 से परास्त कs देलस। सात्विक आ चिराग अब क्वार्टरफाइन में जापान के दूसरा वरीयता प्राप्त ताकुरो होकी आ यूगो कोबायाशी के जोड़ी से खेलिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.