[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू: कुलपति के पुतला फूंक रहल ABVP कार्यकर्तन आ नियंता में हाथापाई, लागल चोट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य द्वार पs बियफे के छात्रन के अलग-अलग समस्यन के लेके एबीवीपी जमके हंगामा कइलस। कुलपति के पुतला फूंकला से रोकला पs नियंता मंडल के सदस्य आ कार्यकर्ता लोगन में हाथापाई हो गइल। एह दौरान नियंता डॉ सत्यपाल सिंह के हाथ पs चोट आइल।

गोरखपुर विश्वविद्यालय में अनियमितता के आरोप लगावत  पहुंचल अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के कार्यकर्ता लोग पहिलहू कइयन बेर प्रदर्शन कइले रहे लो। 26 जून के प्रशासनिक भवन पs अभाविप हंगामा कइले रहे। ओह दिन तीन गेट के तालन के तुड़ दिहल गइल रहे।

ओकरा बाद कुलपति एक-एक कs के छात्रन के समस्या सुनलें आ आश्वासन देलें कि जल्दिये एह सब के समाधान कs दिहल जाई। बाकिर कवनो परिणाम ना निकलला पs बियफे के कुलपति के पुतला फूंके के चेतावनी देले रहे।

दुपहरिया के करीब 12 बजे अभाविप के कार्यकर्ता गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य द्वार पs पहुंचल रहे लो। उहां ऊ लोग कुलपति के पुतला दहन करे पहुंचल रहे लो, तबे नियंता डॉ. सत्यपाल सिंह आ नियंता मंडल के सदस्य उहां पहुंचल लो। छात्रन के समझावे के कोसिस कइल लो। एह दौरान दुनो पक्षन में हाथापाई सुरू हो गइल। मुख्य नियंता डॉ सत्यपाल सिंह, डॉ सुनील कुमार सिंह सहित आउर सदस्यन पs हमला कs दिहल। छात्रन के एह बेवहार के बाद नियंता सन्न रह गइलें। एकरा बाद अभाविप कुलपति के पुतला फूंकल।

जानलेवा हमला के कोसिस भइल: नियंता

मुख्य नियंता डॉ. सत्यपाल सिंह कहलें कि नियंता मंडल के सदस्यन पs लाठी-डंडन से जानलेवा हमला कइल गइल। ई गंभीर विषय बा। हमला करे वाला छात्रन के चिह्नित कs लिहल गइल ओह ओगन के खिलाफ थाना में तहरीर दिहल गइल बा।

 

अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के छात्रन के खिलाफ दिहल गइल तहरीर

एह छात्रन के नाम तहरीर में बा सामिल

जवना छात्रन के विरुद्ध तहरीर दिहल गइल बा ओमे ऋषभ सिंह, अर्पित कसौधन, सौरभ गौड़, संजीव त्रिपाठी, प्रिंस तिवारी, आलोक गुप्ता, सूरज मौर्या चंचल के नाम सामिल बा। एकरा संगही आठ से दस अज्ञात बाहरी अराजक तत्वन के जिकिर तहरीर में बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]