[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय: आजु से जारी होइ प्रवेश परीक्षा के परिणाम, काउंसलिंग सात से

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विश्वविद्यालय में विभिन्न पाठ्यक्रम में दाखिला खातिर चलत परीक्षा सोमार के दिने खतम हो गइल। मंगल के दिने से रिजल्ट घोषणा शुरू हो जाई। 6 अगस्त ले सभ प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट घोषित कईला के बाद 7 अगस्त से प्रवेश खातीर काउंसलिंग शुरू हो जाई। एकरा खातिर विश्वविद्यालय प्रशासन तइयारी शुरू कs दिहले बा।

गोरखपुर विश्वविद्यालय में आयोजित विभिन्न पाठ्यक्रम में प्रवेश खातिर 15 जुलाई से 31 जुलाई ले प्रवेश परीक्षा शुरू भईल। सोमवार के अंतिम प्रवेश परीक्षा करावे के बाद विश्वविद्यालय प्रशासन रिजल्ट घोषित करे के तैयारी शुरू क देलस। पहिला ग्रेजुएशन के परीक्षा के रिजल्ट आवे के संभावना बा। विश्वविद्यालय के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. महेन्द्र सिंह बतवले कि परीक्षा के नतीजा घोषणा से काउंसलिंग के तइयारी शुरू हो गइल बा।

गोरखपुर विश्वविद्यालय : अंतिम दिन प्रवेश परीक्षा में 201 परीक्षार्थी हाजिर भइले

सोमार के दिने गोरखपुर विश्वविद्यालय में प्रवेश परीक्षा के आखिरी दिने कुल 232 पंजीकृत परीक्षार्थियन में से 201 परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल भइले। पत्रकारिता में मास्टर्स, एमए उर्दू आ डिप्लोमा कोर्स में न्यू मीडिया आ आपदा प्रबंधन में दू पाली में दाखिला खातिर परीक्षा दिहल गइल।

पत्रकारिता के मास्टर्स के परीक्षा में आइल अतुल, अनुराग, विशाल, निवेदिता आ अदिति के कहना बा कि पेपर बढ़िया रहल। उ मेरिट कम रहे के उम्मीद जतवले। एकरा संगे आपदा प्रबंधन के डिप्लोमा कोर्स में भाग लेवे वाला आकृति, अखिलेश अवुरी राहुल बतवले कि पेपर आसान रहे, संभावना बा कि दाखिला हो जाई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]