Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डॉ. सोनिया नित्यानंद होइहें KGMU के नया VC, पीजीआई आ लोहिया संस्थान में दे चुकल बाड़ी सेवा

1,188

डॉ. सोनिया नित्यानंद के KGMU के नया VC बनावल गइल बा। ऊ तीन साल तक एह पद पs कार्यरत रहिहें। यूपी के राज्यपाल आ केजीएमयू के कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल उनका नियुक्ति संबंधी आदेस जारी कs देले बाड़ी।

सोनिया नित्यानंद एकरा पहिले डॉ. राम मनोहर लोहिया संस्थान में निदेशक के पद पs कार्यरत रहली। केजीएमयू के वीसी लेफ्टिनेंट जनरल डा. बिपिन पुरी के कार्यकाल 11 अगस्त के पूरा हो रहल बा। उनका रिटायरमेंट के देखत वीसी के पद पs सोनिया नित्यानंद के नियुक्ति कइल गइल बा। ऊ लोहिया संस्थान से पहिले पीजीआई के हेमेटोलॉजी विभाग में आपन सेवा दे चुकल बाड़ी।

615500cookie-checkडॉ. सोनिया नित्यानंद होइहें KGMU के नया VC, पीजीआई आ लोहिया संस्थान में दे चुकल बाड़ी सेवा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.