[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय: प्रवेश परीक्षा के अंतिम दिन 201 अभ्यर्थी भइल लो सम्मिलित, तीन अगस्त तक सब संकायन के जारी होई रिजल्ट 

Ddu Enterance exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर विश्वविद्यालय में प्रवेश परीक्षा के अंतिम दिन कुल 232 पंजीकृत अभ्यर्थियन में से 201 अभ्यर्थी परीक्षा में सम्मिलित भइल लो। सोमार के विश्वविद्यालय के महाराणा प्रताप कैंपस में दु पालियन में परास्नातक पत्रकारिता, एमए उर्दू आ न्यू मीडिया आउर डिजास्टर मैनेजमेंट के डिप्लोमा कोर्स में दाखिला खातिर परीक्षा के आयोजन कइल गइल।

परास्नातक पत्रकारिता के परीक्षा में सामिल भइल अतुल, अनुराग, विशाल, निवेदिता आ अदिती बतावल लो कि पेपर बहुत हद तक मॉडरेट लेवल के रहे, उम्मीद बा कि मेरिट कम रही। ओहिजा डिजास्टर मैनेजमेंट के डिप्लोमा कोर्स में प्रतिभाग करे वाला आकृति, अखिलेश आ राहुल बतावल लो कि पेपर बहुत आसान आइल रहे, लागत बा कि दाखिला हो जाई।

प्रवेश परीक्षा के समन्वयक मनीष श्रीवास्तव कहलें कि दुनो पालियन के परीक्षा सुचितापूर्ण ढंग से संपन्न भइल। एह दौरान कवनो छात्र नकल आ आउर प्रतिबंधित गतिविधियन में ना पावल गइल। तीन अगस्त तक प्रवेश परीक्षा के परिणाम जारी कs दिहल जाई। ओकरा बाद दाखिला के प्रक्रिया सुरू कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]