Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: समय बढ़ल लेकिन तब्बो पूरा नाइ हो सकल कालेसर-नौसड़ बंधा के सुंदरीकरण के काम

202

जिम्मेदार लोग के लापरवाही से कालेसर से नौसड़ तक बंधा के सुंदरीकरण के काम एक बेर फिर निर्धारित समय सीमा में पूरा नाइ हो सकल। अब बंधा के सुंदरीकरण के काम ख़तम करे के नयका तारीख 31 दिसंबर तय कइल गइल बा।

10 करोड़ के लागत से पर्यटन विभाग राजकीय निर्माण निगम के माध्यम से महानगर के प्रवेश द्वार यानी कालेसर से नौसड़ ले सड़क के किनारे बंधा के सुंदरीकरण के काम करा रहल बा। लगभग छह किलोमीटर लमहर एह रास्ता पर काम के एह बरिस जून में ही पूरा हो जाए के रहल लेकिन काम समय से पूरा नाइ हो पवले के चलते मानसून के देखत एकर समय सीमा बढ़ा के अक्तूबर के दिहल गइल।

नयका समय सीमा मिलले के बाद भी कार्यदायी संस्था एह काम के ले के उदासीन बनल रहल अउर एक बेर फिर से एह काम के ऊ समय से पूरा नाइ कइलस। पर्यटन विभाग एह काम के पूरा करे खातिर नयका समय सीमा निर्धारित करत 31 दिसंबर के तारीख तय कइले बा।

बंधा के सुंदरीकरण में होखे के रहल ई काम

सीएम सिटी के प्रवेश द्वार के आकर्षक बनावे खातिर कालेसर से नौसड़ तक बंधा के सुंदरीकरण के काम में बंधा में आकर्षक पत्थर लगवले के सथही रंग-रोगन कइल जाए के रहल। छायादार अउर सजावटी पौधा लगावल जाई। लोग के बइठे खातिर बेंच भी लागी। कालेसर से ले के नौसड़ ले सिंचाई विभाग के बंधा के शहर के कुछ व्यवसायी लोग पहिलही सुंदर करा दिहले बानें। छह किलोमीटर के पैच रह गइल रहे, जेकर कायाकल्प पर्यटन विभाग करा रहल बा।

क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी रविंद्र कुमार मिश्र कहनें कि कालेसर से नौसड़ तक बंधा के सुंदरीकरण के काम अक्तूबर में पूरा होखे के रहल, लेकिन कार्यदायी संस्था के लापरवाही से काम समय से पूरा नाइ हो सकल। एकरे खातिर जिम्मेदार लोग के नोटिस भी दिहल गइल बा। अब एह काम के दिसंबर ले पूरा करावे के लक्ष्य रखल गइल बा।

384410cookie-checkगोरखपुर: समय बढ़ल लेकिन तब्बो पूरा नाइ हो सकल कालेसर-नौसड़ बंधा के सुंदरीकरण के काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.