Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में नियुक्ति पत्र लेवे वाला पुलिसकर्मी पशोपेश में, नियुक्ति पत्र के उपयोगिता प उठ रहल बा सवाल, जानीं पूरा ममिला

347

पटना: मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के द्वारा बुध के कुल 10459 पुलिस कर्मियन के नियुक्ति पत्र बांटल गइल रहे।

अब नियुक्ति पत्र लेला के बाद एह पुलिस कर्मियन के सोझा एगो अहम सवाल ई उठ खडा भइल बा कि जवना नियुक्ति पत्र ले मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उपमुख्यमंत्री के द्वारा दिहल गइल बा। ओकरा के सही मानल जाव कि जवना नियुक्ति पत्र के आधार प ऊ पहिले जोगदान देले रहे लो आ ओहि आधार प ट्रेनिंग लेत रहे लो, ओकरा के सही मानल जाव?

एह तरे से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हांथन नियुक्ति पत्र पाके एक ओरि जहां पुलिसकर्मी खुश बा लो कि मुख्यमंत्री के संगे फोटो खिंचावे के मवका मिलल बा, त दूसरा ओर परेशान एह कारण से हैं बा लो कि एह नियुक्ति पत्र के उपयोगिता ओह लोग खातिर का बा? अब एह नियुक्ति पत्रन के खाली मढवाके घर में टांगला के अलावे ऊ कवनो काम के नइखेे। अब एह नियुक्ति के हकीकत ई बा कि जवन 2062 दरोगा माने सब इंस्पेक्टर आ 215 सार्जेंट के नियुक्ति पत्र दिहल गइल, ओह लोगन के बहाली त 10 महीना पहिलही हो चुकल रहे।

11 जनवरी 2022 के बिहार के पुलिस मुख्यालय 12 गो डीआईजी के पत्र लिखले रहे। एमे कहल गइल रहे कि ऊ अपना क्षेत्र से संबंधित सब इंस्पेक्टर आ सार्जेंट के नियुक्ति पत्र सउप देले रहे। पुलिस मुख्यालय के निरदेस के मोताबिक जनवरी 2022 में अइसने तमाम सब इंस्पेक्टर आ सार्जेंट के संबंधित डीआईजी नियुक्ति पत्र सउप देले रहे लो। अइसहु सुरू से पुलिस मुख्यालय के इहे परंपरा रहल बा कि सब इंस्पेक्टर स्तर के लोगन के डीआईजी नियुक्ति पत्र देला लो।

बिहार के मुख्यमंत्री आ उप मुख्यमंत्री 10 महीना से काम क के वेतन उठा रहल सब इंस्पेक्टर के पटना बुलाके नियुक्ति पत्र सउपलें। अब जबकि ममिला तूल पकड़ले बा त पुलिस मुख्यालय नव चयनित 10559 दरोगा, सार्जेंट आ सिपाहियन के नियुक्ति प्रक्रिया के संबंध में आपन स्थिति स्पष्ट कइले बा।

पुलिस मुख्यालय कहलस कि बिहार पुलिस अवर सेवा आयोग विज्ञापन सं- 3/2020 दिनांक 14 अगस्त 2020 के माध्यम से अवर निरीक्षकन के 1998 पद आ परिचारी के 215 पद प नियुक्ति खातिर आवेदन आमंत्रित कइल गइल रहे।

एह परीक्षा के रिजल्ट 14 जुलाई 2022 के प्रकाशित कइल गइल। आयोग 25 जुलाई 2022 के अभ्यर्थियन के अनुशंसा पुलिस मुख्यालय के भेजल गइल रहे। इहां उल्लेखनीय बा कि नीतीश कुमार आ तेजस्वी यादव के सरकार पिछला तीन महीना में नियुक्ति पत्र बांटे के 7 कार्यक्रम कइल आ सब में उहे खेल कइल गइल। सरकार बुध के अच्छा खासा रकम खर्च क के ओह लो के नियुक्ति पत्र बांटे के समारोह कइलस। टीवी चैनलन प सरकार एह कार्यक्रम के पईसा से देके माने पेड लाइव टेलीकास्ट करावल। एह तरह से चेहरा चमककावे खातिर सारा नियमन के धज्जी उड़ा दिहल गइल।

384740cookie-checkबिहार में नियुक्ति पत्र लेवे वाला पुलिसकर्मी पशोपेश में, नियुक्ति पत्र के उपयोगिता प उठ रहल बा सवाल, जानीं पूरा ममिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.