[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: थाना के बैरक के छत से गिर के सिपाही के मौत, मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के राजघाट थाना के छत से गिर के सिपाही के मौत हो गइल। पुलिस लाश के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलें। जानकारी के अनुसार, बलिया के बासडीह निवासी 25 वर्षीय सिपाही अभिषेक सिंह पुत्र अखिलेश्वर सिंह गोरखपुर में तैनात रहनें।

ऊ 2021 बैच के सिपाही रहनें। वर्तमान में उनकर तैनाती राजघाट थाना के बसंतपुर चौकी पर रहलें। ऊ राजघाट में 10 महीना से तैनात रहनें। रोजाना के तरह ऊ थाना के बैरक के पहिला तल पर सोमार के रात सूतल रहलें।

मंगर के भोर में शरीर असंतुलित हो गइल अउर ऊ पहिला तल से नीचे गिर गइलें। उनके अस्पताल ले जाइल गइल, जहवाँ उनकर मौत हो गइल। अभीन उनकर शादी नाइ भइल रहे। मौत से पुलिसकर्मियन में शोक के माहौल बा। घटना के जानकारी परिजन के दे दीहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]