[the_ad_group id="30365"]

ग्यासपुरा में ऑक्सीजन बनावे वाली फैक्टरी में गैस रिसाव, पुलिस खाली करववलस पूरा इलाका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लुधियाना के ग्यासपुरा इलाका में मंगर के बिहाने ओ समय अफरा-तफरी मच गइल। जब इलाका में एक फैक्टरी में गैस के रिसाव होखे लागल। गैस रिसाव के बाद फैक्टरी के अंदर काम करे वाले सब मजदूर बाहर के तरफ भगलें अउर एकर जानकारी तुरंत प्रशासन के देहलें। एह रिसाव से पांच मजदूर बेहोश हो गइनें।

सूचना मिलतही सेहत विभाग के टीम, फायर विभाग के टीम अउर पुलिस प्रशासन के टीम मौका पर पहुंच गइल। पुलिस के तरफ से आसपास के सगरी इलाका सील कs दिहल गइल। ताकि कौनो भी आदमी गैस रिसाव से दिक्कत न आ सके।

जानकारी के अनुसार ग्यासपुरा इलाका में वेल्टेक इंडस्ट्री में ऑक्सीजन तैयार कइल जाला। मंगर के सुबह CO2 गैस के टैंकर आइल रहे। अचानक से गैस रिसाव होखे लागल अउर उहां भगदड़ मच गइल। जेकरे बाद फैक्टरी के त खाली करवइये दिहल गइल, आसपास के एरिया भी खाली करवा दिहल गइल। अधिकारियन के कहनाम बा कि मामिला के जांच कइल जा रहल बा। जांच से पहिले कुछउ कहल जल्दबाजी होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]