Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Wrestlers Protest: WFI के अध्यक्ष बृजभूषण शरण आज दिहें इस्तीफा! दुपहर 12 बजे करिहें प्रेस कॉन्फ्रेंस

Brij Bhushan Sharan Press Conference: बृजभूषण शरण आज दुपहरिया 12 बजे उत्तर प्रदेश के गोंडा जिला के नवाबगंज इस्थित कुश्ती प्रशिक्षण केंद्र में प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें। मानल जा रहल बा कि ऊ एह कॉन्फ्रेंस में इस्तीफा दे सकत बाड़े।

1,430

रेसलिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया (WFI) के अध्यक्ष बृजभूषण शरण सिंह पs देस के कइयन गो बड़ महिला पहलवान द्वारा यौन उत्पीड़न के आरोप लगवला के बाद ममिला अब बढ़त जा रहल बा। पहलवानन के एगो दल बीतल दिन खेल मंत्रायल के अधिकारियन से मिल बृजभूषण के हटावे आ कानूनी कार्रवाई करे के मांग कइलें। एह बीच आज दोपहर 12 बजे उत्तर प्रदेश के गोंडा जिला के नवाबगंज इस्थित कुश्ती प्रशिक्षण केंद्र में बृजभूषण शरण प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें।

इस्तीफा दे सकत बाड़ें बृजभूषण शरण

बृजभूषण शरण आज दुपहर के 12 बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें। मानल जा रहल बा कि ऊ एह कॉन्फ्रेंस में इस्तीफा दे सकत बाड़े। बता दें कि ओलिंपिक आ आउर अंतरराष्ट्रीय पदक विजेता पहलवान सुक के तीसरको दिन जंतर-मंतर पs धरना पs बइठल बा लो। ऊ भारतीय कुश्ती संघ के अध्यक्ष आ कैसरगंज से भाजपा सांसद बृजभूषण शरण सिंह से इस्तीफा के मांग कर रहल बा लोग।

मांग पूरा होखला तक प्रदर्शन जारी रही

सबसे जादे आक्रोशित नजर आ रहल ओलिंपियन विनेश फौगाट कहली कि बृजभूषण के त्यागपत्र लिहल जाई आ जेलो भेजवाएम। जब तक मांगें पूरा नइखे होत, प्रदर्शन जारी रही। हमनी के जान चल जाव मंजूर बा, बाकिर कुश्ती के भविष्य के संवारिये के दम लेहम सs। बीतल दिन केंद्र सरकार के ओर से पूर्व पहलवान बबीता फौगाट जंतर-मंतर पs पहुंचलीं आ प्रदर्शन कर रहल पहलवानन के हरसंभव मदद के भरोसा दिलवली। उनका साथे बजरंग पुनिया आ साक्षी मलिक सरकार के प्रतिनिधियन से भेंट कइलें।

समाधान ना निकलल तs एफआइआर करायेम: विनेश

वार्ता के कवनो ठोस नतीजा ना निकलल तs प्रेस कान्फ्रेंस में पहलवा लोग नाराजगी जाहिर कइल। विनेश कहलें कि हमनी बृजभूषण शरण सिंह पs जवन इल्जाम लगवले बानी सs ऊ पूरा तरह से सही बा। बिहान तक हमनी के साथे एगो महिला पहलवान रहली, बाकिर अब चार से पांच पहलवान बा लो, जेकरा साथे गलत भइल बा। हमनी के सामने आवे खातिर मजबूर मत कइल जाव। हमनी के सम्मान के बचावे के लड़ाई लड़ रहल बानी सs। सबका सामने ई नइखी सs कहल चाहत बानी कि हमनी के संगे का-का भइल बा। हमनी के कानूनी तरीका से आगे नइखी जाये के चाहत, बाकिर समाधान ना निकलल तs एफआइआर दर्ज करायेम सs। जदि हमनी जइसन पहलवानन के संगे अइसन हो रहल बा तs बाकी लईकी लोग केतना सुरक्षित बा। जदि हमनियो सुरक्षित नइखी सs तs हिंदुस्तान में एको लईकी के जनम ना होखे के चाहीं।

कुश्ती संघ के कइल जाव भंग

बजरंग पुनिया कहलें कि हमनी के चाहत बानी सs कि कुश्ती संघ के भंग कइल जाव। जदि ऊ इस्तीफा देइयो देते बाड़े तs फेर अपना लोगन के उहां बिठा दिहें। साक्षी मलिक कहली कि हमनी केरल आ महाराष्ट्र के महिला पहलवानन के फोन आ रहल बा, जेकरा साथे गलत भइल बा। हम पीएम नरेन्द्र मोदी से गोहार लगावता बानी कि न्याय कइल जाव। अंशु मलिक कहली कि पाप के घड़ा भर चुकल बा। कुश्ती संघ में सब भ्रष्ट बा।

साभार: दैनिक जागरण

441590cookie-checkWrestlers Protest: WFI के अध्यक्ष बृजभूषण शरण आज दिहें इस्तीफा! दुपहर 12 बजे करिहें प्रेस कॉन्फ्रेंस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.