[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: त्योहार में स्पेशल ट्रेन आसान करी सफर, पूजा स्पेशल के होई संचालन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यात्रियन के सुविधा खातिर रेल प्रशासन 04012/04011 नई दिल्ली-दरभंगा अउरी 04048/04047 आनंद विहार टर्मिनस-मुजफ्फरपुर पूजा स्पेशल चलावे के निर्णय लिहले बा।
नई दिल्ली-दरभंगा द्विसाप्ताहिक पूजा स्पेशल 17 अक्तूबर से 10 नवंबर ले प्रत्येक सोमवार अउरी बियफ़े के नई दिल्ली से साँझ 7.25 बजे चली अउर दूसरे दिन गोरखपुर से बिहाने 9.15 बजे छूटकर दरभंगा साँझ 4.00 बजे पहुंची। वापसी यात्रा में ई ट्रेन 18 अक्तूबर से 11 नवंबर ले हर मंगलवार अउर शुक्क के दरभंगा से साँझ 6.00 बजे चली अउर दूसरे दिन गोरखपुर से रात 1.45 बजे छूट के नई दिल्ली साँझ 4.40 बजे पहुंची।
आनंद विहार टर्मिनस-मुजफ्फरपुर पूजा स्पेशल 20 अक्तूबर के आनंद विहार  से दूपहर 12.00 बजे चल के दूसरे दिन गोरखपुर से बिहाने 4.45 बजे छूटी अउर मुजफ्फरपुर बिहाने 10.25 बजे पहुंची। वापसी यात्रा में 21 अक्तूबर के मुजफ्फरपुर से दूपहर एक बजे चल के गोरखपुर से साँझ 6.45 बजे छूट के दूसरे दिन बिहाने 10.10 बजे आनंद विहार पहुंची
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]