[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: दायरा बढ़ावे के तैयारी में जुटल GDA, इहां सीमा विस्तार के तलाशल जा रहल बा संभावना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निर्देश पर गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) आपन दायरा बढ़ावे खातिर कवायद शुरू कs देहले बा। प्राधिकरण दक्षिण में बांसगांव ले, पश्चिम में खजनी ले, उत्तर में कैंपियरगंज ले, अउर पूरब में चौरीचौरा तहसील तक सीमा विस्तार के संभावनाएं तलाश रहल बा।
एकरे खातिर महायोजना में आ रहल आपत्तियन के भी अध्ययन कइल जाई। मंथन के बाद संबंधित तहसील से राजस्व अभिलेख मंगावल जाई, फिर प्रस्ताव तैयार कइल जाई।

22 सितंबर के गोरखपुर दौरे पर आइल सीएम योगी जीडीए के आपन सीमा बढ़ावे के निर्देश दिहल रहे। शहर से सटल क्षेत्र में अनियोजित विकास के रोके खातिर उ एके जरूरी बतावत प्रस्ताव तैयार कs के शासन के भेजे के कहले रहनें। अब जीडीए एह दिशा में मंथन शुरू कs दिहले बा।

बता देईं, पिछले साल जीडीए अपने सीमा के विस्तार कइल गइल जेकरे बाद अब प्राधिकरण के दायरा 642 वर्ग किलोमीटर के हो चुकल बा। एहमें 319 राजस्व गांव शामिल बा।जीडीए उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर कहलें  मुख्यमंत्री के निर्देशानुसार सीमा विस्तार के ले के कवायद शुरू कs दीहल गइल बा। महायोजना में आ रहल आपत्तियन के भी अध्ययन कइल जा रहल बा। तेजी से बढ़ रहल आबादी के मुताबिक शहर के दायरा बढ़ रहल बा अइसन में सुनियोजित विकास खातिर समय से सीमा विस्तार जरूरी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]