[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर-शालीमार एक्सप्रेस के बेल्थरा रोड स्टेशन पs होई ठहराव: स्थानीय सांसद हरियर झंडी देखाके करिहें रवाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन कावर से यात्री जनता के सुविधा खातिर गाड़ी सं० 15021/15022 गोरखपुर-शालीमार-गोरखपुर शालीमार एक्सप्रेस के वाराणसी-भटनी रेल खंड पs पड़े वाला बेल्थरा रोड रेलवे स्टेशन पs दु मिनट के प्रायोगिक ठहराव प्रदान कइल बा। पूर्वोत्तर रेलवे से शालीमार बंगाल जाये खातिर ई ट्रेन प्रमुख ट्रेन बा।

एकरा ठहराव से छपरा आ अगल-बगल के यात्रियन के रनिंग थ्रू यात्रा में सहूलियत मिली। ट्रेन से ठहराव के सुरुआत स्थानीय सांसद के ओर से हरियर झंडी दिखाके कइल जाई। एकर जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें।

जारी कइल गइल पत्र के मोताबिक 29 जनवरी, 2024 से प्रत्येक सोमार के गोरखपुर से चले वाली गाड़ी सं 15022 गोरखपुर -शालीमार एक्सप्रेस बेल्थरा रोड स्टेशन पs 15:38 बजे पहुंचके 15:40 बजे शालीमार खातिर प्रस्थान करी। हर मंगर के शालीमार से चलके बुध के बेल्थरा रोड पहुंचवे वाली गाड़ी सं- 15021 शालीमार गोरखपुर शालीमार एक्सप्रेस गाड़ी 31 जनवरी, 2024 से हर बुध के बेल्थरा रोड स्टेशन पs 02:28 बजे पहुंचके दु मिनट के ठहराव लेके 14:30 बजे गोरखपुर खातिर प्रस्थान करेम।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]