Gorakhpur News: एक फरवरी से स्पाइसजेट के सेवा दु महीना खातीर बंद

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 30, 2024

गोरखपुर: स्पाइसजेट एक फरवरी से दू महीना खातिर गोरखपुर से आपन हवाई सेवा बंद करे के फैसला कइले बिया ।एयरलाइन गोरखपुर से दिल्ली, मुंबई आ कोलकाता के उड़ान बंद कs दिहले बिया। दु महीना खातिर

Share

गोरखपुर: स्पाइसजेट एक फरवरी से दू महीना खातिर गोरखपुर से आपन हवाई सेवा बंद करे के फैसला कइले बिया ।एयरलाइन गोरखपुर से दिल्ली, मुंबई आ कोलकाता के उड़ान बंद कs दिहले बिया। दु महीना खातिर बुकिंग बंद करे के संगे इहाँ से कर्मचारी के हटा के 31 जनवरी ले अयोध्या शिफ्ट करे के तैयारी बा।

बतावल जाता कि अयोध्या में यात्री के भीड़ के देखत इs फैसला लिहल गईल बा। हालांकि, दु महीना के बाद कंपनी फेर से गर्मी के कार्यक्रम में तीनों उड़ान खातीर समय देले बिया।

जानकारी के मुताबिक स्पाइसजेट के उड़ान बंद होखला के चलते अब गोरखपुर हवाई अड्डा से खाली इंडिगो अवुरी एलायंस एयर के सेवा उपलब्ध होई। गोरखपुर से दिल्ली खातिर रोज चार गो, मुंबई खातिर दू गो आ कोलकाता, हैदराबाद, अहमदाबाद आ लखनऊ खातिर एक-एक उड़ान चलेले। विमानन कंपनी स्पाइसजेट के एगो विमान मुंबई खातिर, दूसरा दिल्ली खातिर आ तीसरा कोलकाता खातिर बा। कोलकाता के उड़ान ना चलला के चलते गोरखपुर से आवे वाला यात्रियन के हवाई सेवा ना मिल पाई। हालांकि मानल जाता कि ए नयका कार्यक्रम में कवनो अवुरी एयरलाइन के उड़ान बढ़ावल जा सकता।

अयोध्या से देश के अलग-अलग शहर में हवाई सेवा शुरू होखला के बाद स्पाइसजेट एक फरवरी से आपन तीनों विमान के ओहिजा शिफ्ट करे के फैसला कईले बिया। प्राण प्रतिष्ठा के बाद अयोध्या से मेट्रो शहर में अउरी आवाजाही भइल बा। एs मउका के ध्यान में राखत कंपनी एक फरवरी से अयोध्या से सेवा शुरू करे वाली बिया।

अब तीनों विमान अयोध्या से गोरखपुर के समान कार्यक्रम में उड़ान भरी। स्पाइसजेट कंपनी भी अयोध्या में आपन सेटअप तैयार कईले बिया। हालांकि कंपनी गोरखपुर हवाई अड्डा पs स्थित आपन कार्यालय बंद नईखे कईले।

स्पाइसजेट के उड़ान एक फरवरी से अयोध्या से उड़ान भरी। हालांकि इs वैकल्पिक व्यवस्था बा, जवन कि खाली दु महीना खातीर बा। जरूरत पड़ला पs अप्रैल से गोरखपुर से फेर से ईs सेवा शुरू हो सकेला। अबे अयोध्या खातीर भीड़ जादा होई, एहसे उड़ान अयोध्या से चलावल जाई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.