[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी एयरपोर्ट के रैकिंग गिरल: यात्री सुविधा में दूसरे नंबर पर खिसकल, इंदौर एयरपोर्ट पहिला नंबर पर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यात्री सुविधा में लालबहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट के रैकिंग खिसक के दूसरे नंबर पर पहुंच गइल बा। एसे पहिले अप्रैल से जून के तिमाही सर्वे में बाबतपुर एयरपोर्ट के पहिला स्थान मिलल रहे। इंटरनेशनल काउंसिल ऑफ एयरपोर्ट के ओर से जुलाई से सितंबर के कइल गइल सर्वे में विमान यात्रियन के सुविधा देवे खातिर बाबतपुर एयरपोर्ट के देश भर में दूसरा स्थान मिलल बा।

सर्वे में देश के 13 एयरपोर्ट के शामिल कइल गइल रहे। एहमें 5 के पैमाना पर इंदौर एयरपोर्ट 4.96 रेटिंग के साथ पहिले स्थान पर रहल बा। उहवें बाबतपुर एयरपोर्ट 4.94 रेटिंग के साथ दूसरे अउर गोवा एयरपोर्ट 4.89 रेटिंग के साथ तीसरे स्थान पर रहल।

एयरपोर्ट सर्वे के दौरान यात्रियन के मिले वाली सुविधा के फीडबैक लिहल गइल रहे। एहमें विमान से संबधित सूचना, खइले-पियले के सुविधा, एयरपोर्ट पर पार्किंग के सुविधा, सुरक्षा जांच, सुरक्षाकर्मियन के व्यवहार, एयरपोर्ट पर बैंक, एटीएम, शॉपिंग, शौचालय के स्वच्छता, वाई फाई के सुविधा के साथ ही कुल 35 सवाल के जवाब में यात्रियन से प्रतिक्रिया फॉर्म भरवावल गइल रहे। एह पर एयरपोर्ट काउंसिल इंटरनेशनल के टीम रिपोर्ट तैयार कइलस।

एयरपोर्ट निदेशक अर्यमा सान्याल बतवलें कि एहसे पहिले वाराणसी एयरपोर्ट के पहिला स्थान मिलल रहे। रैकिंग में उतार-चढ़ाव होत रहsला। वाराणसी एयरपोर्ट यात्रियन के हमेशा बेहतर सुविधा देवे खातिर कोशिश में रहsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]