[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: स्कूल में भरल रहे बारिश के पानी, डूबला से मासूम के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के रामगढ़ताल इलाका के कजाकपुर में स्थित एपेक्स एकेडमी परिसर में बुध बिहाने एक जगह इकट्ठा बरसात के पानी में डूबले से तीन साल के बच्ची दृष्टि शुक्ला के मौत हो गइल। घर वालन के प्रबंधक बतवलें कि बच्ची के चोट लागल बा। अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। बाद में पता चलल कि डूबले से बच्ची के मौत भइल बा। परिजन लोग शव के प्रवाहित कर दिहलें अउर स्कूल प्रबंधक पर आरोप लगावत तहरीर दीहलें। पुलिस मामिला के जांच क रहल बा।
जानकारी के मुताबिक, रामगढ़ताल के कजाकपुर निवासी जगदीश नारायण शुक्ला के बड़ बेटी स्कूल में पढ़ेली। बुध के सुबह बड़ बेटी के साथ ही छोटी तीन साल की दृष्टि भी चल गइल रहली। पिता जगदीश के कहनाम बा कि उहां पर स्टॉफ अउर प्रबंधक कहलें कि रहे दीं। बच्चा के देखभाल कs लेहल जाई।

दोपहर में बतावल गइल कि बच्ची के चोट लाग गइल बा। प्राइवेट अस्पताल ले जाइल गइल। अस्पताल जाकर जानकारी लीहल गइल त मालूम भइल कि एह नाम के कौनो मरीज ही नाइ आइल बा। कुछ देर बाद बच्ची के शव थमा दिहल गइल। शव के परिजन लोग नदी में प्रवाहित कs दीहल।

आजाद नगर चौकी इंचार्ज पुरुषोत्तम आनंद सिंह बतवलें कि तहरीर मिलल बा। मामिला के जांच कइल जा रहल बा। जांच के आधार पर अग्रिम कार्रवाई कइल जाई। स्कूल प्रबंधक से पूछताछ कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]