[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: शार्ट सर्किट से शोरूम में लागल भीषण आग, 40 इलेक्ट्रिक स्कूटर जलके खाक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर।  मेडिकल कालेज रोड स्थित इलेक्ट्रिक स्कूटर के शोरूम में अतवार के साँझ शार्ट सर्किट से आग लाग गइल। शोरूम के बाहर बइठल मालिक आ कर्मचारी लोग आग बुझावे के कोसिस कइल लो बाकिर असफल रहल लो। फायर ब्रिगेड के तीन गो गाड़ी एक घंटा के क मड़ा मशक्कत के बाद आग प काबू पावल गइल। आग के  चपेट में अइला से शोरूम में रखल 33 इलेक्ट्रिक स्कूटर, एसेसरीज, पांच लाख नकदी, लैपटाप आ दु गो मोबाइल फोन जर गइल। फायर ब्रिगेड के टीम नुकसान के आकलन कर रहल बिया।

ई बा ममिला

महराजगंज जिला के कोल्हुई निवासी विनीत सिंह मेडिकल कालेज के सामने परिवार के संगे रहेले। राधिका काम्लेक्स के पहिला ताला प उनकर यश आटो मोबाइल के नाम से इलेक्ट्रिक स्कूटर के शोरूम बा। अतवार के साँझ चार बजे विनीत अपना कर्मचारियन के संगे धनतेरस आ दीवाली प होखे वाला बुकिंग के तइयारी करत रहले। एही दौरान शोरूम से निकल रहल धुंआ प नजर पड़ल। दउरत भीतर गइल कर्मचारी लो बतावल लो कि वाटर कूलर के लगे शार्ट सर्किट से आग लागल बा। जानकारी होखला प विनीत सिंह अग्निशमन यंत्र लेके पहुंचले बाकिर तब तक पूरा शोरूम में धुंआ भर गइल।

ई भइल नुकसान

कर्मचारी के फोन से ऊ डायल 112 प फोन कइले। तनिये देर में पूरा शोरूम आग के चपेट में आ गइल। भीतरी रखल 45 लाख रुपिया कीमत के 33 इलेक्ट्रिक स्कूटर के अलावे कैश बाक्स में रखल पांच लाख रुपिया, मोबाइल फोन आ लैपटाप जलके राख हो गइल। मुख्य अग्निशमन अधिकारी डीके सिंह राधिका काम्लेक्श के पांच दुकानन में विनीत सिंह इलेक्ट्रिक स्कूटर के शोरूम खोलले रहस । दुकान मालिक के आग लगला से भइल नुकसान के आकलन कइल जा रहल बा।

15 दिन पहिले भइल रहलें शिफ्ट

यश आटो मोबाइल्स के शोरूम पहिले राधिका काम्लेक्स में आगे रहे। मालिक के किराया बढ़वला  विनीत सिंह 15 दिन पहिले शोरूम के पीछे के दुकान में शिफ्ट क लेले रहस। धनतेरस आ दीवाली में बेचाये वाला स्कूटन के एडवांस बुकिंगो हो गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]