[the_ad_group id="30365"]

BREAKING: सीवान में ट्रक 5 लोगन के कुचललस, 1 के मौत; 4 के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में एगो अनियंत्रित ट्रक बियफे के सबेरे 5 लोगन के कुचल देलस। हादसा 9 बजे भइल। एह हादसा में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल। ओहिजा, 4 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। सभे के कुचलला के बाद ट्रको पलट गइल। जेकरा बाद ग्रामीण लोग ट्रक चालक के पकड़के पुलिस के सउप दिहल।

ट्रक पहिले ई-रिक्शा सवार एक लोग के टक्कर मरलस। जवना के मौत हो गइल। फेर ऑटो में टक्कर मरलस जेमे 4 लोग घायल हो गइल। फेर ट्रक आगे जाके पलट गइल। घायलन के सीवान सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। हादसा सराय ओपी थाना क्षेत्र के चाप गांव के लगे भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]