[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में 474 करोड़ के लागत से गोड़धोइया नाला आ रामगढ़ ताल के होई जीर्णोद्धार, योगी सरकार देलस मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के योगी सरकार गोरखपुर विकास परियोजनन प 1 हजार करोड़ रुपिया से अधिक खर्च करी। एमेमें गोड़धोइया नाला आ रामगढ़ ताल के जीर्णोद्धार प 474.42 करोड़ आ सीवरेज योजना जोन सी पार्ट-दु प 561.34 करोड़ रुपिया खर्च कइल जाई। एकरा खातिर सीएम योगी आदित्यनाथ कैबिनेट बाई सर्कुलेशन एह दुनो योजनन के मंजूरी दे देले बिया।

बता दीं कि गोरखपुर सिटी में गोड़धइया नाला पहिले एगो प्राकृतिक नाला रहे। एकरा अगल बगल के क्षेत्रन में शहरीकरण के कारण अलग-अलग नाला के माध्यम से सीवेज युक्त गंदा पानी गिरला आ अतिक्रमण से सिल्ट भर गइल बा। एह कारण इहां के अगल बगल के अलग-अलग क्षेत्रन में मेडिकल कॉलेज, चंद्रगुप्त कॉलोनी, बशारतपुर, राप्ती नगर, फातिमा अस्पताल सहित आउर क्षेत्रन में जल भराव के इस्थिति उत्पन्न हो जाला।

एकरा के धेयान में रखत गोड़धईया नाला आ रामगढ़ ताल के जीर्णोद्धार आउर इंटरसेप्शन डयवर्जन आ ट्रीटमेंट के परियोजना तइयार कइल गइल बा। एमेमें नालन के दुनो तरफ आरसीसी रिटेनिंग वाल बनावल जाई। एकरा दुनो तरफ सीवरेज लाइन डालल जाई। एकरा लगले सीवरेज ट्रीटमेंट प्लांट बनावल जाई आ बाउंड्रीवाल के निर्माण करावल जाई। परियोजना के अंतर्गत 44300 घरन से निकले वाला 38 एमएलडी सीवरेज के ट्रीटमेंट कइल जाई।

सवा दु लाख परिवारन के जलजनित बेमारियन से मिली राहत

एह परियोजनन से गोड़धईया नाला के 9.7 किलो मीटर के दायरा में रहे वाला करीब 2.2 लाख परिवारन के बाढ़ आ जल जनित बेमारियन से राहत मिली। एकरा संगही बरिस 2025 के जनसंख्या 170240के  सुविधा के धेयान में राखत सीवरेज ट्रीटमेंट प्लांट के सुविधा विकसित कइल जाई। एह प 561.34 करोड़ रुपिया खर्च कइल जाई। एमे सीवरेज लाइन डालत 43963 घरन में कनेक्शनो दिहल जाई।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]