[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: राप्ती नदी में नहाए गइल दुगो छात्र डूबले, एगो भइल लापता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

रामघाट राप्ती नदी में बुध के नहाए गइल तीन छात्रन में दुगो डूबले। एगो के बचा लेवल गइल। बाकिर, एगो छात्र नदी में लापता हो गइल। एसडीआरएफ के टीम छात्र के तलाश में जुटल बा।
जानकारी के मोताबिक, बांसगांव थाना क्षेत्र के महादेवा बाजार रघुनाथपुर निवासी रामचंद्र शुक्ल परिवार के साथे गीडा क्षेत्र के बांसपार में किराया के कमरा लेके बाड़े अउर गीडा स्थित एगो फैक्ट्री में काम करत रहले। रामचंद्र के तीन बेटा में बड़ बेटा 20 साल के आदित्य शुक्ला गीडा इस्थित के आईपीएम में बीसीए द्वितीय वर्ष के छात्र बा। मझीला बेटा 17 साल नितेश हाईस्कूल में पढ़त बा। बाकिर सबसे छोट बेटा आठ साल प्रियांशु कक्षा दु में बा।

बुध के शाम के बड़ बेटा आदित्य भाई नीतेश अउर दोस्त कार्तिक त्रिपाठी के साथे राप्ती नदी के रामघाट पs पहुंचलस। आदित्य अउर नीतेश नदी में नहाए चल गइल अउर कार्तिक बाहर बइठ गइल। नहाये के दउरान दुनो गहीर पानी में चल गइलस अउर डूबे लागल। चिल्लाये पs बहरामपुर दक्षिणी निवासी शिव निषाद  नदी में कूदके नीतेश के जान बचा लेवल गइल। बकिर आदित्य लापता हो गइल। सूचना पs नौसड़ चौकी इंचार्ज अनूप सिंह मौके पs पहुंचे अउर एसडीआरएफ के टीम से नदी में लापता छात्र के तलाश शुरू करावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]