[the_ad_group id="30365"]

BREAKING: अहमदाबाद में जगुआर भीड़ के रउदलस, 9 की मौत: 15 लोग घायल; ट्रक-थार के टक्कर के बाद भीड़ जमा भइल रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात के अहमदाबाद में इस्कॉन ब्रिज पs बुध के देर रात जगुआर करीब 25 लोगन के रउद देलस। 9 लोगन के मौत हो गइल आ 15 लोग जख्मी हो गइल। मरे वालन में पुलिस कॉन्स्टेबल आ होमगॉर्ड सामिल बा लो। टक्कर एतना जोरदार रहे कि लोग 30 फीट दूर जा गिरल।

पुलिस के मोताबिक, ओवरब्रिज पs महिंद्रा थार कार एगो डंपर से पीछे से टकरा गइल। एकरा के देखे खातिर लोगन के भीड़ जमा रहे। तबे कर्णावती क्लब के ओर से 160 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से आ रहल जगुआर भीड़ के कुचल देलस।

6 के मवके पs हो गइल मौत

ट्रैफिक विभाग के एसीपी एसजे मोदी बतवलें कि एह घटना में 6 लोगन के मवके पs मौत हो गइल, जबकि बाकी लोगन के इलाज खातिर सोला सिविल ले जाइल गइल बा। एह हादसा में जगुआर के ड्राइवरो जख्मी हो गइल। ओकरा के सिम्स अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

जगुआर में ड्राइवर के संगे एगो लईका आ लईकी रहलें सs 

पुलिस बतवलस कि जगुआर में दुगो लईका आ लईकी सवार रहलें सs। एह दुनो के बारे में जादे जानकारी अब तक सामने नइखे आइल। घटनास्थल पs मवजूद गुस्साइल लोग एकनी संगे मारपीटो कइल। हालांकि, कुछ लोग एकनी के बचावल आ अस्पताल भेज दिहल। कार में बइठल लईकी मवका से गायब हो गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]