[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के रामगढ़ताल के किनारे रेलवे बनवाई नयका पुल, अक्तूबर से शुरू हो जाई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर शहर के रामगढ़ताल के उत्तर दिशा में रेलवे एक अउर नया पुल बनवाई। ई पुल गोरखपुर जंक्शन से कैंट स्टेशन के बीच तिसरा लाइन जोड़ी। एके कैंट स्टेशन के प्लेटफॉर्म एक अउरी दू से सीधे जोड़ दिहल जाई, जेसे ट्रेन के पटरी नाइ बदले के पड़ी, ऊ सीधे एह पुल से हो के चली।

डोमिनगढ़ से कैंट स्टेशन हो के कुसम्हीं ले 21.15 किलोमीटर लमहर तीसरका लाइन बिछावल जा रहल बा। एके बनले से आउटर पs ट्रेन ठाढ़ नाइ होई। मालगाड़ी भी बिना रुकले रवाना हो जाई। पिछला बजट में तिसरा लाइन खातिर 105 करोड़ रुपया मिलल रहे। जेकरे बाद काम शुरू करावल गइल।

अब 62 करोड़ रुपया अउरी मिलल बा। पिछले कुछ दिन में पूर्वोत्तर रेलवे के महाप्रबंधक कैंट स्टेशन के निरीक्षण कइले रहलें। जेमें काम के तेज कइले के निर्देश दिहल गइल बा। रेलवे के परियोजना के मुताबिक रामगढ़ताल के किनारे 36 मीटर लंबाई में नयका रेल पुल बनी। एकर तैयारी शुरू कर दीहल गइल बा।

छह महीना में ई पुल बन के तैयार हो जाई। खास बात ई बा कि ई तिसरा लाइन के पुल होई अउरी एसे होके ट्रेन सीधे प्लेटफॉर्म एक अउरी दू से हो के आगे निकल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के उप मुख्य अभियंता रवींद्र मेहरा बतवलें कि कैंट स्टेशन के सेटेलाइट स्टेशन बनावे के काम तेजी से कइल जा रहल बा। एही क्रम में एगो नया रेल पुल बने के बा। जल्दिए एह पुल के निर्माण शुरू हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]