[the_ad_group id="30365"]

सीएम शिंदे पेश कइलें मिसाल: सड़क पs हहराके जरे लागल कार, मदद खातिर अपनिये रुक गइलें मुख्यमंत्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई के वेस्टर्न एक्सप्रेस हाईवे पs मंगलवार बिहाने एगो लग्जरी कार में आग लाग गइल। आग के लपट एतना तेज रहल कि स्थानीय लोग ओकरे निगचे गइले के भी कोशिश नाइ क पावत रहलें। लोग आग बुझवलें के कोशिश करते रहल कि एही दौरान महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के काफिला भी गुजरत रहल। जइसही मुख्यमंत्री के नजर आग पर पड़ल ओइसही ऊ आपन गाड़ी रोक देहलें अउर मदद खातिर उतर गइलें।
फिर शिंदे कार ड्राइवर के लग्गे गइलें अउरी नाम पूछलें। फेर कार के लग्गे नाइ जाए के हिदायत दीहलें अउरी जात-जात मदद के आश्वासन दिहलें। उहवें कार के जरत देख ड्राइवर भावुक हो गइल अउरी सीएम शिंदे के सामने रोए लागल। ओहिजा दमकल विभाग के दोपहर 12.25 बजे आग लगले के सूचना मिलल। दमकल के दू गाड़ियन के मौका पs भेजल गइल अउरी आग पs काबू पावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]