[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोविवि के डॉ. राजेश अंतरराष्ट्रीय शोध केंद्र में एसोसिएट कार्यक्रम खातीर चयनित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

गोरखपुर :गोरखपुर विश्वविद्यालय के गणित आ सांख्यिकी विभाग के असिटेंट प्रोफेसर डॉ. राजेश कुमार के चयन पुणे स्थित अंतरराष्ट्रीय शोध केंद्र, अंतर विश्वविद्यालय केंद्र खगोल विज्ञान आ खगोल भौतिकी (आयुका) में एसोसिएट प्रोग्राम खातिर चुनल गइल बा। आयुका एगो अंतर्राष्ट्रीय शोध निकाय हवे जे यूजीसी द्वारा देश के बिबिध विश्वविद्यालय सभ में खगोल बिज्ञान आ खगोल भौतिकी में बेहतरीन रिसर्च के बढ़ावा देवे खातिर बनावल गइल बा।

ई मौका डॉ. राजेश के शोध कार्य आ शोध पत्र के आधार पs दिहल गइल। उनुकर चयन अब तीन साल खातीर भइल बा। डॉ. राजेश के एह उपलब्धि पs विभागाध्यक्ष प्रो. विजय कुमार प्रो. शांतनु रस्तोगी आदि के शिक्षक लोग बधाई देले बा।

डॉ. राजेश पिछला कुछ साल से ब्रह्मांड विज्ञान आ गुरुत्वाकर्षण के क्षेत्र में शोध के काम करत बाड़न। ऊ अंतरिक्ष में मौजूद विशालकाय तारा सभ के ज्यामितीय आ भौतिक गुण सभ के अध्ययन कर रहल बाड़ें। उ देश के गणितीय विज्ञान के नामी गुरु लोग के सहयोग से ब्रह्मांड में अदृश्य रूप में मौजूद डार्क एनर्जी अवुरी डार्क मैटर के क्षेत्र में शोध के काम भी कर रहल बाड़े। डॉ. राजेश के ए अध्ययन में तारा के अयीसन हालत के पता चलल बा, जवन कि अबे ले चलत ब्लैक होल के अवधारणा से बिल्कुल अलग बा।

साभार- अमर उजाला

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]