[the_ad_group id="30365"]

महराजगंज के भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल लोकसभा लोकसभा में रखलें सवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: महराजगंज, बिहार से भाजपा के सांसद श्री जनार्दन सिंह “सीग्रीवाल” लोकसभा में आज सोमार के महाराजगंज संसदीय क्षेत्र से छपरा जं. भा सिवान जं.से बंदे भारत ट्रेन चलवावे खातिर नियम-377 के अधीन ममिला उठवलें। एह दौरान ऊ एह बातन के लोकसभा के पटल पर रखलें-

पूर्व मध्य रेलवे के पाटलिपुत्र जं.से उत्तर पूर्व रेलवे के सीवान जं. तक एगो नया इंटरसिटी एक्सप्रेस ट्रेन के परिचालन करावे के प्रस्ताव पूर्व मध्य रेलवे, हाजीपुर द्वारा प्रस्तावित बा। एह प्रस्तावित ट्रेन के ठहराव उनकर संसदीय क्षेत्र महाराजगंज लोकसभा, बिहार अंतर्गत कोपा सम्हौता, दाउदपुर,एकमा,महेन्द्रनाथ हाल्ट आ चैनवा रेलवे स्टेशनन पs नइखे दिहल गइल। दूसरका ई कि एह प्रस्तावित ट्रेन के संचालन के समय कार्याल के समय के मोताबिक निर्धारित नइखे। अइसन परिस्थिति में महराजगंज संसदीय क्षेत्र सहित आउर क्षेत्रन के जनता के उक्त प्रस्तावित ट्रेन के परिचालन के लाभ सही तरीका से ना मिली।

ऊ सदन के स्पीकर के माध्यम से रेल मंत्री जी से निहोरा कइलें कि जनहित आ रेलहित में प्रस्तावित ट्रेन के समय में सुधार कs के कार्यालयीय समय पs चलावे आ महाराजगंज संसदीय क्षेत्र के उपरोक्त सब रेलवे स्टेशनन पs ठहराव के संगे संचालन जल्दी से जल्दी सुरू करावल जाव।

साभार: मशरक न्यूज (बिहार)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]