[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय: अधिवक्ता के मदद से तेज होई रंगीन मिजाज प्रोफेसर के जांच, आंतरिक कमेटी ली विधिक सलाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर विश्वविद्यालय के रंगीन मिजाज प्रोफेसर के जांच कs रहल विश्वविद्यालय के आंतरिक कमेटी के कानूनी मदद खातिर राष्ट्रीय महिला आयोग (एनसीडब्लू) एगो अधिवक्ता के तैनाती कइले बा। डालसा (डिस्टिक लीगल सर्विसेज अथाॅरिटी) से जुड़ल अधिवक्ता से कमेटी विधिक सलाह ले सकी। आंतरिक कमेटी अधिवक्ता से संपर्क कs के अभी ले भइल जांच पs चरचा कs चुकल बिया।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के रंगीन-मिजाज प्रोफेसर के अश्लील वीडियो आ ऑडियो सहित आउर साक्ष्य भेजके राष्ट्रीय महिला आयोग में शिकायत कइल गइल बा। शिकायत पs राष्ट्रीय महिला आयोग विश्वविद्यालय के आंतरिक कमेटी के जांच के जिम्मेदारी सउपले बा।

एही बीच 25 जुलाई के राष्ट्रीय महिला आयोग के सदस्य डेलिना खोंगडुप प्रोजेक्ट क्वार्डिनेटर सर्वेश पांडेय के संगे गोरखपुर पहुंचके गोरखपुर विश्वविद्यालय के कमेटी हॉल में आंतरिक कमेटी के संगे बैठक कइली। बैठक के दौरान आयोग आंतरिक कमेटी के 30 दिन में प्रारंभिक जांच आ 90 दिन में विस्तृत रिपोर्ट देवे के निरदेस देले बा।

कुलपति कमेटी से कइलें जांच पs चरचा 

गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. राजेश सिंह कुछ दिन पहिले विश्वविद्यालय के आंतरिक कमेटी के संगे बैठक कs के जांच के प्रगति पs चरचा कइलें। करीब एक घंटा तक भइल बैठक के दौरान कुलपति ममिला के गंभीरता से लेते कमेटी के हर पहलु पs जांच करे के निरदेस देलें।

मोबाइल मैकेनिक के नाम से शोध छात्रा कइले रहे शिकायत

राष्ट्रीय महिला आयोग में प्रोफेसर के करतूत के शिकायत मोबाइल मैकेनिक बन के कइल गइल बा। संगही वीडियो-ऑडियो सहित आउर साक्ष्य उपलब्ध करावल गइल बा। विश्वविद्यालय के आंतरिक कमेटी के जांच में सामने आइल बा कि शिकायत करे वाला कवनो मोबाइल मैकेनिक ना बलुक एगो शोध छात्रा हियs, जवन प्रोफेसर के निर्देशन में शोध कs रहल बिया।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]