[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: रेलवे स्टेशन पs लगावल जाई मसाज चेयर कियोस्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

गोरखपुर : अगर ट्रेन से आवत-जात घरी थकान महसूस होखे त गोरखपुर रेलवे स्टेशन पs मशीन से मालिश करावल जा सकेला। गोरखपुर रेलवे स्टेशन पs रेल प्रशासन मसाज चेयर कियोस्क लगावे जा रहल बा। मेन गेट पs स्थित एफओबी के लगे जगह के चिन्हित कईला के बाद भी स्टॉल के निर्माण शुरू हो गईल बा। अगर यात्रियन के ई सुविधा पसंद आई त एकरा के दोसरा स्टेशनन पs भी लगावल जाई।

पूर्वोत्तर रेल प्रशासन यात्रियन के लगातार नया सुविधा दे रहल बा। एह क्रम में मसाज चेयर कियोस्क लगावे खातिर एगो एजेंसी के नामांकित कइल गइल बा। एकरा से रेलवे के कमाई त बढ़ी, बलुक यात्रियन के मालिश से जुड़ल सुविधा भी मिली। हालांकि एकरा इस्तेमाल खातीर यात्री के कुछ शुल्क देवे के होई, जल्दिए एकरा के तय क दिही। असल में 12 से 48 घंटा के लंबा सफर के बाद यात्री थक जाले। अगर ट्रेन में देर हो जाला त समस्या अउरी बढ़ जाला।

एकरा के देखत पूर्वोत्तर रेल प्रशासन एह सुविधा के शुरू करे के फैसला कईले बा। एकरा संगे रेल प्रशासन स्टेशन के गेट नम्बर छह पs सड़क के किनारे फास्ट फूड यूनिट खोल देले बा। एकरा संगे यात्री के बेहतर खानपान के सुविधा मिल सकता।

यात्रियन के सुविधा के ध्यान में राखत पूर्वोत्तर रेल प्रशासन बहुत नया काम कर रहल बा। यात्रियन के सुविधा खातिर गोरखपुर जंक्शन पs मसाज चेयर कियोस्क लगावल जाई। एकरा खातीर एगो कंपनी के संगे करार भईल बा। जल्दिए मशीन लगावल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]