Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rozgar Mela: पीएम मोदी आज 70000 नवहन के सउपिहें नियुक्ति पत्र, 43 जगहन पs होई रोजगार मेला के आयोजन

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज रोजगार मेला में करीब 70,000 नियुक्ति पत्र वितरित करिहें। पीएम मोदी वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से एह कार्यक्रम में हिस्सा लिहें आ नियुक्ति के तहत भर्ती भइल नवहन के संबोधित करिहें।

467

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज अलग-अलग भर्तियन के माध्यम  से चयनित लगभग 70,000 नवहन के नियुक्ति पत्र वितरित करिहें। प्रधानमंत्री कार्यालय (पीएमओ) सोमार के बतवलस कि एह अवसर पs पीएम मोदी नवनियुक्त नवहन के संबोधितो करिहें। पीएमओ एगो बयान में कहलस कि प्रधानमंत्री मोदी 13 जून के सबेरे 10:30 बजे वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से लगभग 70,000 नवहन के नियुक्ति पत्र वितरित करिहें। केंद्र सरकार के रोजगार मेला पहल के तहत नियुक्ति पत्र वितरित कइल जाई। एह अवसर पs देसभर में 43 जगहन पs रोजगार मेला के आयोजन कइल जाई।

रोजगार मेला के तहत केंद्र सरकार के अलग-अलग विभागन के संगे-संगे राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन में प्रमुखता के संगे भर्ती कइल जा रहल बा। वित्तीय सेवा विभाग, डाक विभाग, स्कूल शिक्षा विभाग, उच्च शिक्षा विभाग, रक्षा मंत्रालय, राजस्व विभाग, स्वास्थ्य मंत्रालय आ परिवार कल्याण, परमाणु ऊर्जा विभाग, रेल मंत्रालय, लेखापरीक्षा आ लेखा विभाग, परमाणु ऊर्जा विभाग, गृह मंत्रालय सहित कइयन विभागन में नया भर्ती कइल गइल बा।

बयान में कहल गइल बा कि ‘रोजगार मेला’ रोजगार सृजन के सर्वोच्च प्राथमिकता देवे के प्रधानमंत्री के प्रतिबद्धता के पूरा करे की दिशा में महत्वपूर्ण डेग हs। रोजगार मेला से नवहन के ओह  लोगन के सशक्तिकरण आ देस के विकास में भागीदारी खातिर सार्थक अवसर प्रदान करे के उम्मीद बा। नवनियुक्त कर्मियन के iGOT कर्मयोगी पोर्टल पs खुद के प्रशिक्षित करे के अवसरो  मिल रहल बा। इहां 400 से जादे ई-लर्निंग पाठ्यक्रम उपलब्ध बा।

प्रधानमंत्री मोदी पिछला साल 22 अक्टूबर के 10 लाख सरकारी नौकरी देवे के अभियान के सुरुआत करत रोजगार मेला के पहिला चरण के सुरुआत कइले रहस। अभी ले कइयन चरणन में लाखन नवहन के सरकारी नौकरी के नियुक्ति पत्र सउपल जा चुकल बा।

563780cookie-checkRozgar Mela: पीएम मोदी आज 70000 नवहन के सउपिहें नियुक्ति पत्र, 43 जगहन पs होई रोजगार मेला के आयोजन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.