[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: शिक्षा विभाग के भवन में बस रहल बा अवैध बस्ती, अधिकारियन के सोझा हो रहल बा कब्जा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur News: शिक्षा विभाग के भवन में बस रहल बा अवैध बस्ती, अधिकारियन के सोझा हो रहल

गोरखपुर में डायट कार्यालय परिसर में शिक्षा विभाग के जवन पुरनका भवन बा। एह घरी अवैध कब्जा के शिकार हो गईल बा असल में एहिजा 50 से बेसी के संख्या में लोगन के एह भवन पे कब्जा बा। विभाग के अधिकारी लोग रोजे एने से आवेला-जाला लो बाकिर ओह लोग के ध्यान एह ओर ना जाला ।

गोरखपुर ख़बर – गोरखपुर में डायट कार्यालय परिसर में अधिकारी लोगन के आंख के सामने अवैध बस्ती बस रहल बिया । पहिले शिक्षा विभाग के उक्त भवन में एगो कर्मचारी के कब्जा रहे। अब एह में बाहरी लोग भी आपन बस्ती बसा लेले बा । शिक्षा विभाग के अधिकारी रोजे एने से आवेला-जाला लो, बाकिर उ लोग एह संबंध में बुला आपन आंखि मूंद लेले बा लो।

 

बढ़ते जा रहल बा अवैध बस्तियन के संख्या

शहर में अवैध बस्तियन के संख्या बढ़ते जा रहल बा। राजघाट, अमरुदतानी, ट्रांसपोर्ट नगर, तारामंडल बाइपास रोड, चिड़ियाघर के लगे, पैडलेगंज, रेलवे स्टेशन रोड समेत अन्य कई गो जगहन पे बाहर से आइल लोग आपन बस्ती बसा रखले बा। एह कुल्ह बस्तियन को बसावे के पाछे हर जगह कोई न कोई अइसन आदमी जे एह लोगन के बसाई के हरेक महिना एक से तीन हजार रुपया तक के भाड़ा वसूली करत बाड़े। साथही कवनो भी समस्या पर ओकर समाधानो करवा रहल बाड़े। अईसन लोगन में कुछ सरकारी कर्मचारियो लोग भी शामिल बा।

अब डायट कार्यालय परिसर में खाली पड़ल शिक्षा विभाग के एगो भवन में कुछ बाहरी लोग अवैध रूप से नाया बस्ती बसावल शुरू कई देले बा। बातचीत के दौरान ओहिजा रह रहल लोग आपन पता सिकरीगंज थाना के भीता गांव बतावले। का काम करे ला के जबाब में बतवले कि महिला लोग भीख मांगे ला आ पुरुष लोग मजदूरी करेला। के बसवलस के जबाब में लोग बोलल कि, खाली रहे एही से एहिजा रहे लगनी। जबकि एह लोग के बोलचाल आ भाषा से एह लोग से बतावल जाए वाला पाता संदिग्ध लाग रहल बा।

दू गो अउरी भवनन में कर्मचारी लोगन के बा कब्जा
एही परिसर में दु गो अउरी भवन बा जवन खाली बा ।एह में शिक्षा विभाग के तीन चार गो कर्मचारी लोग के अवैध कब्जा बा। काहें से की शिक्षा विभाग के ओर से अईसन कवनो आदेश जारी नईखे भईल। ओहिजे शिक्षा विभाग एह भवनन के खंडहर घोषित कई देले बा।
अधिकारी लोग का कहता?
डायट प्रभारी प्राचार्य अभिषेक बतवले कि के हs कहां से आइल बाड़े लोग। एकर जानकारी नईखे । उ लोग के होली के बाद हटवावल जाई। ना हटला पे पुलिस के मदद लिहल जाई। उ लोग के हटावे खातिर दु, तीन बार पूर्व प्राचार्य प्रशासन के चिट्ठी लिखले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]