[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर न्यूज़: सीएम योगी ग्रामीण स्टेडियम के शिलान्यास कईले, नारा देले ‘खेलेगा यूपी-बढ़ेगा यूपी’।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर न्यूज़: सीएम योगी ग्रामीण स्टेडियम के शिलान्यास कईले, नारा देले ‘खेलेगा यूपी-बढ़ेगा यूपी’।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के दिने सहजनवान के भोलाराम मस्करा इंटर कॉलेज में बने वाला स्टेडियम के शिलान्यास कइलन| इ स्टेडियम तीन एकड़ के क्षेत्र में करीब 10.43 करोड़ रुपया के लागत से बनावल जाई। सीएम योगी खेलेगा यूपी-बढ़ेगा यूपी के नारा देले।

उ कहले कि ग्रामीण क्षेत्र में खेल प्रतिभा के बढ़ावे खातीर राज्य सरकार के ओर से तहसील स्तर पे स्टेडियम के निर्माण कईल जाता। अब नवहियन के आपन प्रतिभा देखावे खातिर बाहर निकले के जरूरत नइखे| सहजनवान तहसील में स्टेडियम बनवला से एहिजा के नवहियन के नया ऊर्जा मिली|

द महाबीर जूट मिल्स के बगल में स्थित भोला राम मस्करा इंटर कॉलेज के खेल के मैदान चुनल गइल बा| युवा कल्याण विभाग महानिदेशक 2.146 हेक्टेयर यानी इंटर कॉलेज के लगभग तीन एकड़ खाली जमीन पे ग्रामीण स्टेडियम बनावे के ग्रीन सिग्नल देले बाड़न|

यूपीपीसीएल के कार्यकारिणी के रूप में नामित कईल गईल बा, जवना से स्टेडियम के निर्माण खातीर 10 करोड़ 43 लाख 75 हजार रुपया जारी कईल गईल बा। कार्यकारिणी के चयन के बाद मुख्यमंत्री कार्यालय से निर्माण कार्य शुरू करे के समय भी मिल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]