Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वाराणसी के होटल में तेज प्रताप यादव से बदसलूकी, सामान के संगे बाहर निकललस, पुल‍िस कs रहल बिया

414

बिहार के कैबिनेट मंत्री तेजप्रताप यादव के वाराणसी के एगो होटल से जाये के पड़ल जब उनकर सामान उनका कमरा से स्वागत कक्ष में राख दिहल गइल। होटल के कर्मचारी जबरन उनका कमरा में घुस गइल लो आ सारा सामान बाहर न‍िकाल दिहल लो।

ब‍िहार के पूर्व मुख्‍यमंत्री लालू प्रसाद यादव के बेटा आ ब‍िहार सरकार में मंत्री तेज प्रताप यादव से वाराणसी के होटल में बदसलूकी के ममिला सामने आइल बा। घटना स‍िगरा के एगो होटल के बतावल जा रहल बा। जहां व‍िवाद के बाद तेज प्रताप यादव के सामान के संगे होटल से बाहर कs दिहल गइल। ममिला के जानकारी होखते हड़कंप मच गइल। पुल‍िस एह घटना के जांच में जुटल बिया।

बिहार सरकार के मंत्री तेज प्रताप बीती रात सिगरा इस्थित होटल अरकाडिया (Arcadia) के प्रबंधन पs बिफर पड़लें। ऊ बिना अनुमति लगेज के कमरा से बाहर करे आ ओकर तलाशी लेवे के आरोप लगवलें। होटल प्रबंधन के एह रवैया से आहत मंत्री इलाकाई पुलिस थाना में तहरीर देलें। एह प्रकरण से पूरा पुलिस महकमा में खलबली मच गइल।

तेज प्रताप यादव बीतल सुक के निजी दौरा पs पहुंचल रहे। ऊ बाबा श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में दर्शन पूजन के बाद काशी के घाटन के अलौकिक छंटा निहरलें। देर रात उनका पहुंचे से पहिले होटल के कर्मचारी सामान रिसेप्शन पs ले आके रख देले रहे लो। एह पs तेज प्रताप यादव कड़ा आपत्ति दर्ज करववलें। देर रात करीब 12:30 बजे तेजप्रताप एह पूरा प्रकरण के सूचना वाराणसी कमिश्नरेट पुलिस के देलें।

सूचना जइसही पुलिस के मिली पूरा विभाग में हड़कंप मच गइल। आनन-फानन में सिगरा थाना क्षेत्र के पुलिस टीम मवका पर पहुंचल। होटल प्रबंधन से बात कइलें आ तेज प्रताप खातिर कमरा खोले के बात कहलें। जब तक होटल प्रबंधन कमरा के प्रबंध करित तब तक बात बिगड़ चुकल रहे। तेज प्रताप होटल के बाहर गाड़ी में बइठ अपना सहयोगियन से होटल के खिलाफ कार्रवाई खातिर शिकायत पत्र पुलिस के दिववलें।

पुलिस के अइला के बाद होटल प्रबंधन तेज प्रताप यादव के मनावे में जुट गइल, बाकिर तेज प्रताप पुलिस के शिकायत पत्र देके उहां से चल गइलें। सिगरा थाना क्षेत्र के पुलिस टीम के मिलल शिकायत में बिहार के कैबिनेट मंत्री तेज प्रताप यादव के सहायक बिना कवनो पहिले सूचना देलें मंत्री तेज प्रताप के कमरा के खोललस, उनका सामानन के तलाशी कs के फेके के  आरोप लगावत, तेज प्रताप के सुरक्षा खातिर घातक बतावल।

मवका पs पहुंचल सिगरा थाना क्षेत्र के पुलिस टीम एह पूरा ममिला के जांच में जुटल बिया। सिगरा थाना इंस्पेक्टर राजू सिंह बतावलें बिहार के मंत्री तेज प्रताप के मवजूदगी में उनका सहायकन से होटल के खिलाफ लिखित शिकायत मिलल बा, जवना के जांच कइल जा रहल बा। होटल प्रबंधन पूछताछ में बतवलस कि तेज प्रताप के नावे खाली सात अप्रिल के कमरा बुक रहे। अगिला दिन दोसर अतिथि के नाम ऊ कमरा ऑनलाइन बुक हो गइल रहे। अतिथि के कमरा देवे के उद्देश्य से तेज प्रताप के सामान सुरक्षित तरीका से बाहर रखल गइल रहे।

507910cookie-checkवाराणसी के होटल में तेज प्रताप यादव से बदसलूकी, सामान के संगे बाहर निकललस, पुल‍िस कs रहल बिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.