[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: ना कार देम…ना किस्त भरेम, भूला जा गाड़ी’, जेई मंगलें आपन गाड़ी तs दोस्त धमकवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। शाहपुर थाना क्षेत्र के पूर्वोत्तर रेलवे में जूनियर इंजीनियर संतोष श्रीवास्तव के स्कॉपियो उनकर दोस्त हड़प लेले बा। कुछ दिन खातिर आरोपी दोस्त से गाड़ी मांगके ले गइल रहे। आरोप बा कि गाड़ी मंगला पs आरोपी धमकी देलस।

पुलिस बांसगांव इलाका के वार्ड संख्या 12 दक्षिण टोला निवासी आरोपी मनीष सिंह के खिलाफ केस दर्ज कइले बिया। शाहपुर इलाका के जंगल मातादीन इस्थित नाथपुरम कॉलोनी निवासी संतोष कुमार श्रीवास्तव पूर्वोत्तर रेलवे में जूनियर इंजीनियर (जेई) पद पs कार्यरत बाड़ें। ऊ शाहपुर पुलिस के तहरीर देके बतवलें कि 24 अगस्त 2023 के लोन पs स्कॉर्पियो कार किनले रहस।

कुछ दिन बाद बांसगांव निवासी उनकर दोस्त मनीष सिंह गाड़ी मांगके ले गइलें आ कहलें कि ऊ एकर किस्त जमा करत रहिहें। किस्त जमा ना कइला पs गाड़ी मंगले तs ऊ टालमटोल करत टरकावे लगलें। एही तरे करत डेढ़ साल बीत गइल। एक दिन फोन कइला पs आरोपी धमकी देत कहलस कि भूला जा, ना कार देम ना किस्त जमा करेम।

Read Also : Ashadh Month Ekadashi 2025 : आषाढ़ महीना में एह दिन रखल जाई एकादशी व्रत, जानीं तिथि

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]