Supreme Court: पत्रकारन से मारपीट कइल गइला पs सुप्रीम कोर्ट सख्त, मध्य प्रदेश सरकार के जारी कइलस नोटिस

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 4, 2025

सेंट्रल डेस्क: मध्य प्रदेश में पत्रकारन से मारपीट ममिला में सुप्रीम कोर्ट नाराजगी जाहिर कइले बाड़ें। कोर्ट रेत माफिया पs रिपोर्टिंग करे खातिर पुलिस स्टेशन में पत्रकारन से मारपीट ममिला में मध्य प्रदेश सरकार के

Share

सेंट्रल डेस्क: मध्य प्रदेश में पत्रकारन से मारपीट ममिला में सुप्रीम कोर्ट नाराजगी जाहिर कइले बाड़ें। कोर्ट रेत माफिया पs रिपोर्टिंग करे खातिर पुलिस स्टेशन में पत्रकारन से मारपीट ममिला में मध्य प्रदेश सरकार के नोटिस जारी कइले बा।

न्यायमूर्ति संजय करोल आ न्यायमूर्ति सतीश चंद्र शर्मा के पीठ पत्रकार शशिकांत गोयल आ अमरकांत सिंह चौहान के ओर से दायर याचिका पs सुनवाई खातिर सहमति जतवलस आ मध्य प्रदेश के नोटिस जारी कs के जवाब मंगलस। याचिकाकर्ता के वकील पीठ से कहलें कि याचिकाकर्तन के गिरफ्तारी से अंतरिम संरक्षण प्रदान कइल जाव। पीठ कहलस कि दूसरका पक्ष के जवाब देवे दियाव। राज्यो के तथ्य पेश करे दीं। कोर्ट याचिका पs नोटिस जारी कइलस आ नव जून के अगिला सुनवाई तय कइलस।

28 मई के दिल्ली उच्च न्यायालय पत्रकार अमरकांत चौहान के सुरक्षा प्रदान कइले रहे। ऊ दावा कइले रहस कि भिंड के पुलिस अधीक्षक कथित रूप से उनकर पिटाई कइलें। एकरा से उनका जान के खतरा बा। उच्च न्यायालय दिल्ली पुलिस के चौहान के दु महीना तक सुरक्षा देवे के निरदेस देले रहे।

Read Also:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.